- बिहार: गिरिराज बोललें- किम जोंग बनल चाहत बाड़ें नीतीश कुमार; कहलें- विरोधी इनका कबो स्वीकार नइखे, ममता से आगे बढ़े के बा योजना। बोललें- विजय सिंह के पोस्टमार्टम रिपोर्ट बदलवा सकत बाड़े नीतीश कुमार।
- बिहार: मां-बेटा आ बहू के करंट लगला से मौत… 2 लोग झुलसल; वैशाली में पंखा ऑन करतही जुवक के लागल झटका, बचावे आइल 5 लोग चपेट में आइल।
- उत्तर प्रदेश: गोरखपुर के सरकारी स्कूल में खाना में मिलल कीड़ा; मिड-डे-मिल के खाना खाते 20 लईका बेमार; राजमा-आलू के सब्जी में मोट-मोट कीड़ा तइरत मिलले सs। अक्षय पात्र फाउंडेशन पहुंचवले रहे खाना।
- उत्तर प्रदेश: नफरती भाषण में आजम खां दोषी करार, कोर्ट दु साल के कैद आ ढाई हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवलस। बिहान लिहल गइल रहे आजम खान के Y श्रेणी के सुरक्षा वापस।
- झारखंड: बाबूलाल मरांडी भाजपा प्रदेश अध्यक्ष के लेलें पदभार; कहलें तीन सालन में बीतल प्रदेश भाजपा के टीम कइलस बेहतर काम, लोकसभा के सब 14 सीटन के जीते के रखलें लक्ष्य।
- मोदी सरनेम केस में सुप्रीम कोर्ट पहुंचलें राहुल गांधी: गुजरात हाईकोर्ट 2 साल के सजा पs रोक लगावे से इनकार कइले बा। सेशन कोर्ट से सजा के ऐलान के अगिला दिन सांसदी गइल रहे।
- UAE के राष्ट्रपति PM मोदी के बंधलें फ्रेंडशिप बैंड: PM बोललें- हमनी के रिश्ता बेहतर भइल; बुर्ज खलीफा पs तिरंगा के संगे मोदी के तस्वीर। पीएम मोदी के ई पांचवां UAE दौरा।
- दिल्ली में यमुना के पानी घटल, बरखा के येलो अलर्ट: अगिला 24 घंटा 20 राज्यन में भारी बरखा के आसार, पंजाब में युवक नदी में डूबल।
- 18 जुलाई के NDA के दिल्ली में मीटिंग: नड्डा चिराग आ मांझी के न्यौता भेजलें; एही दिन विपक्षी दलन के बैंगलुरु में बैठक। अकाली आ TDP के बोलावे के बा संभावना, पहिला बेर शिंदे आ अजीत पवार आई लो।
- रोहित बोललें- यशस्वी टैलेंटेड, प्लान से तनिको ना भटकलें: बैटिंग के दौरान कप्तान कहलें- मेहनत से इहां पहुंचल बाड़s, अब इंजॉय करs। रोहित-यशस्वी पहिला विकेट खातिर 229 रन के पार्टनरशिप कइले रहे लो।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 15, 2023
बिहार: गिरिराज बोललें- किम जोंग बनल चाहत बाड़ें नीतीश कुमार; कहलें- विरोधी इनका कबो स्वीकार नइखे, ममता से आगे बढ़े के बा योजना। बोललें- विजय सिंह के पोस्टमार्टम रिपोर्ट बदलवा सकत बाड़े नीतीश कुमार। बिहार:
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






