- बिहार: पहिले नरेंद्र मोदी के गुणगान… अब थर्ड फ्रंट के तलाश; मांझी बेटा के संगे दिल्ली जाके संभावना तलशिहें, नीतीश सरकार से समर्थन वापस लेले। मांझी के बेटा संतोष सुमन देले रहस नीतीश कैबिनेट से इस्तीफा।
- बिहार: कांग्रेस छोड़ कुंतल कृष्ण बीजेपी में सामिल; नीतीश के नृतेत्व पs उठवले रहस सवाल, बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष सम्राट बोललें- कठपुतली बाड़ें सीएम।
- उत्तर प्रदेश: गीता प्रेस के गांधी शांति पुरस्कार देला पs विवाद; जयराम रमेश बोललें- ई गोडसे के सम्मान देला जइसन; भाजपा बोलल- राहुल के सलाहकार से इहे उम्मीद।
- उत्तर प्रदेश: लखनऊ-कानपुर समेत बीस जिलन में बारिश के येलो अलर्ट; 30-35 किमी/घंटा के रफ्तार से चली हवा, नोएडा, गाजियाबाद आ मेरठ में भइल तेज बरखा।
- झारखंड: संताल के रास्ते झारखंड में प्रवेश कs गइल मानसून; बरखा के अलर्ट, अगिला कुछ घंटन में रांची, सिमडेगा सहित राज्य के कइयन हिस्सन में झमाझम होई बरखा। तापमान में आइल गिरावट।
- आईपीएस रवि सिन्हा RAW चीफ बनलें: 30 जून के चार्ज लिहें, दु साल के रही कार्यकाल; फिलहाल कैबिनेट सचिवालय में स्पेशल सेक्रेटरी बाड़ें। मवजूदा RAW चीफ सामंत कुमार गोयल के लिहें जगह।
- आदिपुरुष विवाद के बावजूद 300 करोड़ के क्लब में भइल सामिल: मुंबई में हिंदू संगठन शो रूकववलस, मनोज मुंतशिर पुलिस से सुरक्षा मंगले।
- कनाडा में खालिस्तानी आतंकी के हत्या: बाइक पs आइल रहले सs हमलावर, पार्किंग में मारल गइल गोली, खालिस्तान टाइगर फोर्स के चीफ रहे हरदीप निज्जर।
- ग्रीस बोट हादसा- 300 पाकिस्तानियन के मौत के बाद 9 गिरफ्तार: गैर-कानूनी तरीकन से यूरोप भेजे के आरोप, शाहबाज बोललें- दोषियन के कड़ा सजा दिहल जाई।
- भवानी देवी ब्रांज मेडल जीत के इतिहास रचली: एशियन फेंसिंग चैंपियनशिप में मेडल जीते वाली पहिला भारतीय। बजरंग-संगीता, विनेश एशियाई खेलन के तइयारी में जुटल लो: प्रदर्शनकारी पहलवान सोनीपत SAI सेंटर में ट्रायल के प्रैक्टिस कर रहल बा लो।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jun 19, 2023
बिहार: पहिले नरेंद्र मोदी के गुणगान… अब थर्ड फ्रंट के तलाश; मांझी बेटा के संगे दिल्ली जाके संभावना तलशिहें, नीतीश सरकार से समर्थन वापस लेले। मांझी के बेटा संतोष सुमन देले रहस नीतीश कैबिनेट से
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Bulletin, Evening News Evening Breaking, evening updates, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






