साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2022

बिहार: एक दर्जन से बेसी गांवन के होई विकास, पटना से राजगीर के दूरी 33 किलोमीटर होई कम। बिहार: बीजेपी vs भूमिहार- तेजस्वी के निमंत्रण पs भूमिहारन में फूट ! कहल लो- समाज बइठक में

Share

  1. बिहार: एक दर्जन से बेसी गांवन के होई विकास, पटना से राजगीर के दूरी 33 किलोमीटर होई कम।
  2. बिहार: बीजेपी vs भूमिहार- तेजस्वी के निमंत्रण पs भूमिहारन में फूट ! कहल लो- समाज बइठक में एकर का जरूरत?
  3. उत्तर प्रदेश: चंदौली ममिला में घिरल पुलिस: कइसे भइल गैंगस्टर के बेटी के मौत, पोस्टमार्टम रिपोर्ट में मौत के वजे साफ नइखे, छावनी में तब्दील गांव।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अफसर लोगन के निरदेस- ईद आ अक्षय तृतीया पs सड़कन पs ना होखे कवनो आयोजन।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन- झारखंड में तूफान से पहिले के खामोशी… बड़ फसीला ले सकत बाड़े राज्यपाल रमेश बैस।
  6. बर्लिन में लागल भारत माता के जय आ वंदे मातरम के नारा, लईकन के कविता पs ताल मिलावत लउकले पीएम मोदी।
  7. खुद के पार्टी बनइहे प्रशांत किशोर, बिहार से कs सकत बाड़े सुरुआत, ट्विटर पs देले संकेत।
  8. बंगाल भाजपा में कलह के दौर जारी, अमित शाह के बंगाल दौरा से पहिले 15 पदाधिकारियन के इस्तीफा।
  9. कश्मीर में अब आतंकवाद के कवनो भविष्य नइखे, एह रस्ता के वापस छोड़ लवट आवे लो जुआ- लेफ्टिनेंट जनरल पांडे
  10. आईपीएल में आज कोलकता आ राजस्थान के टक्कर।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.