Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

933
  1. बिहार: तs का उपेंद्र कुशवाहा BJP के हो गइलें!: दिल्ली एम्स में उपेंद्र के देखे खातिर BJP नेता लोगन के जमावड़ा, कुशवहो खुस दिखलें। मुलाकात पs भाजपा नेता कहलें- हम दोस्त; जदयू चुप।
  2. बिहार: बिहार में CTET एग्जाम में एनी डेस्क से नकल; कंप्यूटर के रिमोट पs लेके सॉल्व होत रहे प्रश्नपत्र; आरा के सेंटर के बा ममिला।
  3. उत्तर प्रदेश: मुख्तार अंसारी के जिला से योगी के हुंकार, अपराध पs करारा चोट के जीता जागता उदाहरण गाजीपुर।
  4. उत्तर प्रदेश: देवरिया में भीषण हादसा, तीन लोगन के रौंदत मकान से टकराइल तेज रफ्तार ट्रेलर, 3 के मौत।
  5. झारखंड: पलामू के पुलिस लाइन में नशा के हालत में जवान चलवलस गोली, जवान से पूछताछ जारी।
  6. WFI अध्यक्ष से परेसान विनेश आत्महत्या करे वाला रहली: फोगाट बोलली- एहिजा मेट लगाएम; बृजभूषण ना मनले तs IOA भंग कs सकत बा फेडरेशन।
  7. फारूक अब्दुल्ला राहुल गांधी के शंकराचार्य से तुलना कइलें: कहलें- उनका बाद राहुल दोसर अइसन, जे कन्याकुमारी से कश्मीर तक यात्रा निकालल।
  8. कांग्रेस नेता PM के बतवलें शैतान: हरिप्रसाद बोललें- मोदी कहेलें मुसलमानन के विश्वास में लिहल जाव, ई शैतान के उपदेश देवे जइसन।
  9. अमेरिका में हजारन उड़ान थमला के पीछे कर्मचारी के गलती: सरकार बोलल- अनजाने में जरूरी फाइल डिलीट भइल; साइबर अटैक भा साजिश के सबूत ना।
  10. 12 करोड़ रुपिया लेके ऑक्शन में उतरिहें महिला IPL के टीम: चैंपियन के 6 करोड़; मुंबई के 2 स्टेडियम होई सब 22 मैच।
442220cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.