Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

170
  1. बिहार: भागलपुर नशा के ‘ना’ कहे ला सड़कन पs उतरल, ‘सुलतानगंज’, लोगन के जागरूक करे ला संकल्प।
  2. बिहार: तेजस्वी छोड़िहे राबड़ी आवास, सर्कुलर रोड से पोलो रोड शिफ्ट होखे के चल रहल बा तइयारी, भाई से बनवले दूरी।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में खामोशी आ शांति: धार्मिक स्थलन पs लाउडस्पीकर पs लगाम, 4,258 हटल आ 28,186 के आवाज भइल कम।
  4. उत्तर प्रदेश: हाई कोर्ट में आशीष मिश्रा के जमानत याचिका पs सुनवाई में नाया मोड़, जस्टिस राजीव सिंह खुद के केस से अलगा कइले।
  5. झारखंड: झारखंड सीएम हेमंत सोरेन पs कारवाई के लेके पीएम मोदी, अमित शाह से मिलल्रे राज्यपाल रमेश बैस, झारखंड के सियासी पारा गरम।
  6. 2 से 4 मई तक फ्रांस,जर्मनी के दौरा पs रहिहे पीएम मोदी, 2022 के पहिला विजिट।
  7. कांग्रेस में पीके के नो एंट्री: प्रियंका गांधी के कांग्रेस अध्यक्ष आ पार्टी में सुधार का फ्री हैंड चाहत रहस पीके।
  8. तमिलनाडू में बड़ हादसा, रथयात्रा में करंट से 2 बच्चन समेत 11 के मौत, PMO 2 लाख मुआवजा के एलान कइलस।
  9. रिलायंस इंडस्ट्रीज़ रचलस इतिहास, 19 लाख करोड़ रुपैया के मार्केट वैल्यू पार करे आला पहिला भारतीय कंपनी बनल।
  10. आईपीएल: आज गुजरात आ हैदराबाद के बीचे होई टक्कर।
245960cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.