साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2022

बिहार: पटना में CJI के सोझा कानून मंत्री रिजीजू बोलले; 10 से 15 साल ले केस पेंडिंग रहेला, जज-वकील, सरकार अपना गिरेबां में झाकें। ज्यूडिशियरी से हम उम्मीद करत बानी अपना दायरा आ संविधान में

Share

  1. बिहार: पटना में CJI के सोझा कानून मंत्री रिजीजू बोलले; 10 से 15 साल ले केस पेंडिंग रहेला, जज-वकील, सरकार अपना गिरेबां में झाकें। ज्यूडिशियरी से हम उम्मीद करत बानी अपना दायरा आ संविधान में रहके सम्मान भाव से काम करी, जवना से मधुर संबंध बनल रहे।
  2. बिहार: लालू बोलले- बिहार में बीजेपी साजिश रच रहल बिया; शाह के जबाब- 2024 में नरेंद्र मोदी के सफाया हो जाई; अतवार के सोनिया से मिलिहें।
  3. उत्तर प्रदेश: मथुरा से कंगना के चुनाव लड़ला के अटकल पs हेमा मालिनी बोल्ली, आम आदमियो के सांसद बने दीं।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पहुंचले प्रयागराज, सांसद विनोद सोनकर के पिता के तेरवहीं में शामिल भइले।
  5. झारखंड: वर्चस्व के लड़ाई में JJMP के एरिया कमांडर ढ़ेर: बालू घाट पs मोट कमाई के लेके दु गो उग्रवादी संगठनन के बीचे लड़ाई तेज, पुलिस चला रहल बिया सर्च अभियान।
  6. चीनी राष्ट्रपति हाउस अरेस्ट, सोशल मीडिया पs दावा: कइयन गो यूजर्स लिखले- जिनपिंग के सेनाध्यक्ष के पद से हटावल गइल, बाकिर कुछ कन्फर्म ना। ली कियाओमिंग के नया राष्ट्रपति बनावे के दावा।
  7. मोदी रहले PFI के निशाना पs, केरल में बनल प्लानिंग: कोर्ट में ED बोलल- बिहार में मारे के साजिश रहे, ट्रैनिंग कैंपो लगावल गइल। खाड़ी देश से फंडिंग, इस्लामिक राष्ट्र बनावे के दस्तावेज मिलल।
  8. रिसेप्शनिस्ट मर्डर केश में पूर्व मंत्री के बेटा पs एक्शन: रिसोर्ट पs प्रशासन के बुलडोजर चलल, फेर लोग आग लगावल; भाजपा पिता-भाई के निकललस। SDRF के रेस्क्यू टीम चिल्ला में पावर हाउस के लगे से अंकिता के शव बरामद कइलस।
  9. सीरिया में 86 लोगन के मौत: जहाज समुद्र में पलटल, लेबनन आ सीरिया के प्रवासी सवार रहे लो, कईयन लोग अभियो बा लापता।
  10. फेडरर आ नडाल के रोवत देख भावुक भइले विराट: लिखले- इहे खेल के खूबसूरती हs, ई हमरा लेजे एह दुनिया के सबसे खूबसूरत तस्वीर।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.