- बिहार: वैशाली में 3 लईकन के माई से गैंगरेप, सोशल मीडिया पs डालल गइल रेप के वीडियो, बेटियो से छेड़छाड़ करत रहले सs आरोपी। 3 महीना बाद दर्ज भइल केस। पति मोबाइल दोकान पs पईसा भेजत रहे। पहचान बढ़वला के साथे अपना दोस्त के संगे घर में घुस के गैंगरेप कइलस। हथियार के दम पs कइले सs दुष्कर्म।
- बिहार: पटना में CBI NHAI के CGM के 5 लाख घूस लेत पकड़लस, 8 ठिकानन पs छापेमारी, 60 लाख कैशो मिलल। सीजीएम आ डीजीएम के खिलाफ मिलल रहे शिकायत। बड़ पैमाना पs आउर कैश मिले के बा संभावना।
- उत्तर प्रदेश: आंध्रप्रदेश संपर्क क्रांति एक्स्प्रेस दु हिस्सन में बटल; झाँसी में बड़ हादसा टलल, तिरुपति रेलवे करी जांच। निज़ामुद्दीन से रवाना होके तिरुपत्ति जात रहे आंध्रप्रदेश संपर्क क्रांति एक्स्प्रेस।
- उत्तर प्रदेश: बरखा से 24 घंटा में 19 लोगन के मौत: 37 शहरन में अलर्ट, सरयू नदी के अगरी-कगरी जिलन के यूपी सीएम योगी कइले हवाई सर्वेक्षण।
- झारखंड: रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह से दिल्ली में मिलले MLA अनंत ओझा, राजमहल के उधवा में कइले सेना के बटालियन के मांग। बांग्लादेश के अंतराष्ट्रीय सीमा से बा नजदीक।
- केरल में PFI कार्यकर्ता RSS ऑफिस प s बम फेंकले: दर्जनन वाहनन में तोड़फोड़, पुलिस पs हमला; NIA रेड के बाद हिंसक भइल संगठन के प्रदर्शन। केरल से बंगाल तक 11 राज्यन में छापेमारी में 106 PFI सदस्य गिरफ्तार। टेरर फंडिंग आ ट्रेनिंग कैंप लगावे के बा आरोप।
- उद्धव के दशहरा रैली शिवाजी पार्क में होई: बॉम्बे हाईकोर्ट कहलस- वीडियो रिकॉर्डिंग होई, लॉं एंड ऑर्डर बिगड़ल तs ठाकरे गुट के होई जिम्मेदारी। शिवसेना 1966 से हर साल कर रहल बिया दशहरा रैली। BMC अनुमति मंगला पs ना देले रहे जबाब। शिंदे गुट के लगे बा BKC मैदान में रैली के परमिशन।
- पूर्णिया में अमित शाह के निशाना पs रहले लालू-नीतीश: गृहमंत्री बोलले- नीतीश प्रधानमंत्री बने खातिर RJD-कांग्रेस के गोदी में बइठ गइले। 31 मिनट के भाषण में बोलले- सीमांचल में डरला के जरूरत नइखे, नीतीश के धोखेबाज बतवले। बिहार के देश के सबसे विकसित राज्य बनावे खातिर भाजपा के पूर्ण बहुमत के बतवले जरूरत।
- सेंसेक्स 1100 अंक लुढ़कल: निवेशकन के चार लाख करोड़ रुपिया के नुकसान। निफ्टी में 300 अंक के गिरावट, लगातार तीसरा दिन शेयर बाजार में गिरावट।
- भारत Vs औस्ट्रेलिया दूसरा टी-20 आज: वेट आउटफील्ड के चलते टॉस में देरी, आज हरला पs सीरीज हारे के बा खतरा, बूमराह के फीट होखला के बा खबर।
साँझ के 10 बड़ खबर
Published on: Sep 23, 2022
बिहार: वैशाली में 3 लईकन के माई से गैंगरेप, सोशल मीडिया पs डालल गइल रेप के वीडियो, बेटियो से छेड़छाड़ करत रहले सs आरोपी। 3 महीना बाद दर्ज भइल केस। पति मोबाइल दोकान पs पईसा
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, bihar news, breaking news, evening news, evening updates, jharkhand news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर
Share this article






