- बिहार: रविशंकर बोलले- का नीतीश-लालू से पूछ के बिहार अइहें शाह? राज्य में खौफ के माहौल, केहु मुख्यमंत्री बनल चाहत बा तs केहु प्रधानमंत्री। शाह के सीमांचल दौरा पs जारी बा सियासत, ऊ 2 दिन सीमांचल में रहिहें। 23 के पूर्णिया में जनसभा आ 24 के कार्यकर्ता लोगन के संगे बा बैठक के कार्यक्रम।
- बिहार: सीवान में हादसा, 2 लोग के मौत; बाइक पs बइठ के घरे जात रहे लो तीन लोग, ट्रक मरलस टक्कर, एक के हालत गंभीर। सराय ओपी थाना क्षेत्र के चांप ढ़ाला ओवेरब्रिज पs भइल ई भीषण सड़क हादसा। मरे वालन में एगो महिला बाड़ी शामिल।
- उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी केस के सुनवाई अब 29 सितंबर के: कोर्ट कहलस- वादिनी महिला लोगन के कार्बन डेटिंग के मांग पs जबाब दाखिल करस।
- उत्तर प्रदेश: खब्बू तिवारी बोलले- अभय सिंह करा सकत बाड़े हमार ह्त्या; अयोध्या में कहले- माफिया मुख्तार अंसारी गैंग के सदस्य हवे विधायक, सीएम योगी से कइले SIT से जांच करावे के मांग। भाजपा से पूर्व विधायक रह चुकल बाड़े खब्बू तिवारी।
- झारखंड: झारखंड राज्य विधुत नियामक आयोग के अध्यक्ष बनले अभिताभ कुमार गुप्ता। झारखंड के राज्यपाल रमेश बैस दिलवले शपथ। सेवानिर्वित न्यायधीश हवे श्री अमिताभ कुमार गुप्ता।
- दिल्ली के इमाम भागवत के बतवले राष्ट्रपिता: आरएसएस चीफ पहिला बेर मस्जिद पहुंचले; इमाम बोलले- हमनी के DNA एक, खाली इबादत के तरीका अलग।
- कांग्रेस विधायक के रेस में अब 5 नाम: गहलोत-थरूर के बाद अब कमलनाथ आ मनीष तिवारी के चरचा, दिग्विजय सिंह सोनिया गांधी से मिलले।
- PFI पs NIA-ED के शिकंजा, 106 गिरफ्तार: आतंक खातिर पईसा से लेके ट्रेनिंग लेवे तक के बा आरोप, टेरर फंडिंग, ट्रेनिंग कैंप लगावे के पुख्ता सबूत के बाद कारवाई, छापेमारी के विरोध में सड़क पs उतरले PFI कार्यकता।
- रूस के 38 शहरन में पुतिन के खिलाफ प्रदर्शन: पुलिस महिला प्रदर्शनकारियन के घसीटके पीटलस, हिरासत में 1300 से बेसी लोग।
- हैदराबाद में भारत-औस्ट्रेलिया मैच के टिकट बिक्री के दौरान भगदड़: भीड़ के काबू करे खातिर पुलिस कइलस लाठीचार्ज, 25 सितंबर के खेलल जाई मुकाबला।
साँझ के 10 बड़ खबर
Published on: Sep 22, 2022
बिहार: रविशंकर बोलले- का नीतीश-लालू से पूछ के बिहार अइहें शाह? राज्य में खौफ के माहौल, केहु मुख्यमंत्री बनल चाहत बा तs केहु प्रधानमंत्री। शाह के सीमांचल दौरा पs जारी बा सियासत, ऊ 2 दिन
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, bihar news, evening news, evening updates, jharkhand news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर
Share this article






