Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

247
  1. बिहार: बिहार के कृषि मंत्री सुधाकर सिंह बोलले- हमनी के चोरन के सरदार!; कहले-बीज निगम के बिया फर्जी, वसूली विभाग हs माप तौल डिवीजन।
  2. बिहार: बिहार के 18 जिलन में भारी बरखा के अलर्ट; पटना समेत 20 जिलन में हलुक बरखा के संभावना; मुख्यमंत्री कइले हवाई सर्वे।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी में श्रृंगार गौरी पूजा पs सुनवाई जारी रही: वाराणसी जिला कोर्ट मुस्लिम पक्ष के दलीलन के खारिज कइलस, 22 सितंबर के अगिला सुनवाई।
  4. उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी ग्रेटर नोयडा में World Dairy Summit के कइले शुभारंभ, बोलले- भारत में डेयरी सेक्टर के ताकत हs लो छोट किसान।
  5. झारखंड: शिबू सोरेन के दिल्ली हाईकोर्ट से बड़ राहत, लोकपाल में चल रहल सुनवाई पs लागल रोक।
  6. शंकराचार्य स्वामी स्वरूपानंद के दिहल गइल समाधि: वैदिक मंत्राचार आ धार्मिक रीति-रिवाज से अंतिम विदाई; श्रद्धालु लो कइल नमन।
  7. बैंगलुरु में मरीज के बचावे डॉक्टर लगवले दउर: जाम लागल रहे, वक्त प सर्जरी करे खातिर कार छोड़ले, 3 किमी दउर के हॉस्पिटल पहुँचले।
  8. कांग्रेस RSS के जरत ड्रेस पोस्ट कइलस: लिखलस- नफरत से मुक्ति में 145 दिन बाकी; संघ बोलल- इनकर बाप-दादा इहे कोसिस कइल लो।
  9. अंतिम संस्कार खातिर ना मिली आंतकी के शव: परिवार के याचिका खारिज; SC कहलस- भावना के सम्मान, बाकिर ई कानूनन सही ना।
  10. एशिया कप के बाद टीम इंडिया में एक्स्पेरिमेंट: ऑस्ट्रेलिया-साउथ अफ्रीका खातिर 15 ना 19 खेलाड़ियन के स्क्वॉड; ताकि टी-20 वर्ल्ड कप के कॉम्बिनेशन मिले।

 

327580cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.