नई दिल्ली/कोलकाता। तृणमूल कांग्रेस (TMC) के राज्यसभा सांसद आ टॉलीवुड अभिनेत्री कोयल मल्लिक राज्यसभा सदस्यता से इस्तीफा दे देली। एह फैसला के बाद पश्चिम बंगाल के राजनीति में हलचल तेज हो गइल बा। राजनीतिक गलियारा में एह इस्तीफा के ममता बनर्जी खातिर एगो बड़ झटका मानल जा रहल बा।
राज्यसभा से इस्तीफा देके केंद्रीय मंत्री से भेंट कइली
राज्यसभा से इस्तीफा देला के तुरंत बाद कोयल मल्लिक केंद्रीय मंत्री भूपेंद्र यादव से मुलाकात कइली। हालांकि, एह मुलाकात के आधिकारिक कारण अभी तक सामने नइखे आइल, बाकिर एकरा के लेके राजनीतिक अटकलन के दौर तेज हो गइल बा। राजनीतिक जानकार मानत बा लो कि टीएमसी के भीतर चल रहल उथल-पुथल के बीच एह घटनाक्रम से पश्चिम बंगाल के राजनीति में नया समीकरण बन सकेला।
संसद के एको सत्र में ना भइली सामिल
कोयल मल्लिक, जिनकर असली नाम रुक्मिणी मल्लिक बा, राज्यसभा सदस्य बने के बाद संसद के एको सत्र में सामिल ना भइली। 27 फरवरी 2026 के टीएमसी उनका के पश्चिम बंगाल से राज्यसभा उम्मीदवार घोषित कइले रहे। 16 मार्च 2026 के ऊ राज्यसभा चुनाव जीतली। ऊ 6 अप्रिल 2026 के राज्यसभा सांसद के रूप में शपथ लेली। बाकिर शपथ लेला के बाद संसद के कवनो सत्र में हिस्सा ना लेली आ अब इस्तीफा दे देली।
टॉलीवुड के लोकप्रिय अभिनेत्री के रूप में राजनीति में उनकर एंट्री के टीएमसी के बड़ दांव मानल जात रहे। बाकिर सक्रिय राजनीति सुरू होखे से पहिले इस्तीफा दे देला से कइयन गो सवाल खड़ा हो गइल बा।
15 साल बाद सत्ता गंववला के बाद बढ़ल TMC के मुश्किल
एह साल भइल पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में तृणमूल कांग्रेस के करारा हार झेले के पड़ल। करीब 15 साल तक सत्ता में रहे वाली पार्टी खाली 80 सीट जीत सकल, जबकि बीजेपी 208 सीट जीत के पहिला बेर पश्चिम बंगाल में सरकार बना लेलस।
चुनाव परिणाम के कुछे दिन बाद पार्टी के भीतर असंतोष बढ़े लागल। जून 2026 में टीएमसी के भीतर बगावत भइल आ संगठन दू गुट में बंट गइल। एह दौरान कइयन गो विधायक आ सांसद ममता बनर्जी के साथ छोड़ के अलग गुट बना लिहल लो।
राजनीतिक अटकलन के बाजार गरम
कोयल मल्लिक के इस्तीफा के बाद अब ई सवाल उठ रहल बा कि ऊ आगे कवन राजनीतिक राह चुनिहें। केंद्रीय मंत्री भूपेंद्र यादव से मुलाकात के बाद एह बात के लेके चरचा तेज हो गइल बा कि उनका भविष्य के राजनीतिक फैसला जल्दिये सामने आ सकेला। फिलहाल ना तs कोयल मल्लिक आ ना टीएमसी एह इस्तीफा के पीछे के असली कारण पs आधिकारिक बयान जारी कइले बा।









