Bihar Liquor Smuggling : बिहार में शराब तस्करन पs कसल जाई शिकंजा, हर 2 महीना पs बदली चेकपोस्ट प्रभारी, ड्रोन आ CCTV से होई 24 घंटा निगरानी

Bihar Liquor Smuggling Crackdown 2026 | Checkpost Monitoring with Drone and CCTV

Share

पटना। बिहार सरकार शराब तस्करी पs लगाम लगावे खातिर अब आउर सख्त डेग उठावे जा रहल बिया। मद्यनिषेध, उत्पाद आ निबंधन विभाग नया बेवस्था लागू करे जा रहल बा, जवना के तहत राज्य के सब चेकपोस्ट प्रभारी हर 2 महीना पs बदलल जाई लो। एही के संगे ड्रोन, CCTV आ डिजिटल तकनीक के सहारे 24 घंटा निगरानी कइल जाई।

पटना में मुख्य उत्पाद रसायन परीक्षक कार्यालय के औचक निरीक्षण के दौरान विभागीय सचिव नवीन कुमार ई निरदेस जारी कइलें। उनका मोताबिक, एके जगह लमहर समय तक तैनाती से अनियमितता के संभावना बढ़ेला, एकरा से अब सब चेकपोस्ट प्रभारी के हर दू महीना पs बदलल जाई।

CCTV कंट्रोल सेंटर से 24 घंटा लाइव मॉनिटरिंग

राज्य के सब चेकपोस्टन पs लागल CCTV कैमरा के सीधा कंट्रोल आ कमांड सेंटर से जोड़ल जाई। एकरा से हर गतिविधि पs 24×7 लाइव नजर रखल जाई। सचिव चेकपोस्ट प्रभारियन के निरदेस देलें कि ड्यूटी के दौरान पूरा सतर्कता बरतल जावs, जरूरी रिकॉर्ड समय पs अपडेट रखल जावs आ हर गुजरत वाहन के विभागीय मशीन से जांच जरूर कइल जावs।

डिजिटल लॉक के प्रचार पs जोर

बिहार में प्रवेश करे वाला अल्कोहल ढोवे वाला वाहन पs डिजिटल लॉक लगावे के नियम के सख्ती से पालन करावे खातिर पोस्टर आ बैनर लगावे के निरदेस दिहल गइल बा। विभाग एह बेवस्था के व्यापक प्रचार-प्रसार करी ताकि शराब के अवैध ढुलाई पs रोक लाग सके।

48 घंटा में देवे के होई जांच रिपोर्ट

निरीक्षण के दौरान सचिव इथेनॉल में मिलावल जाये वाला विकारक (Denaturant) संबंधी जरूरी दिशा-निरदेस देलें। संगही इहो आदेस दिहल गइल कि जब्त कइल नमूनन के रासायनिक जांच रिपोर्ट 48 घंटा के भीतर तइयार कs के उपलब्ध करावल जावs।

ड्रोन से रखल जाई अवैध शराब पs नजर

सचिव ड्रोन कमांड एंड कंट्रोल सेंटर से अलग-अलग जिला में उड़ावल जा रहल ड्रोन के लाइव फीड देखलें। उनकर निरदेस बा कि ड्रोन के मदद से अवैध शराब निर्माण, भंडारण आ तस्करी पs लगातार निगरानी बढ़ावल जावs, ताकि समय रहते कार्रवाई हो सके।

बैठक में कइयन गो वरिष्ठ अधिकारी रहल लोग मौजूद

एह निरीक्षण में संयुक्त आयुक्त मद्यनिषेध कृष्ण कुमार, संयुक्त सचिव आ उपायुक्त मद्यनिषेध संजय कुमार सहित विभाग के कइयन गो वरिष्ठ अधिकारी मवजूद रहल लोग।

Read Also: Jagannath Rath Yatra 2026 : आज से सुरू हो रहल बा भगवान जगन्नाथ के पावन यात्रा, देखीं पूरा कार्यक्रम आ आध्यात्मिक महत्व

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-