[the_ad_group id="30365"]

TMC Crisis : टीएमसी में मचलल घमासान, कल्याण बनर्जी के निशाना पs अभिषेक, कहलें- ऊ अहंकारी हो गइल बाड़ें

Kalyan Banerjee
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के राजनीति में तृणमूल कांग्रेस (TMC) के अंदरूनी कलह अब खुलके सामने आवे लागल बा। विधानसभा चुनाव में करारी हार के बाद पार्टी में असंतोष बढ़त जा रहल बा। अब टीएमसी के वरिष्ठ नेता आ सांसद कल्याण बनर्जी पार्टी के महासचिव अभिषेक बनर्जी पs गंभीर आरोप लगवले बाड़ें।

कल्याण बनर्जी आरोप लगवलें कि अभिषेक बनर्जी के बेवहार में बदलाव नइखे आइल आ ऊ पार्टी के पुरान नेता लोगन के सम्मान नइखन देत। हस्ताक्षर जालसाजी से जुड़ल ममिला में अभिषेक बनर्जी के वकील के रूप में कोर्ट में पेश होखत कल्याण बनर्जी नाराजगी जतवलें। उनकर कहनाम बा कि ममिला से जुड़ल कइयन गाे फैसला उनका जानकारी बिना लिहल गइल।

ममता बनर्जी से कहलें- हमनी दुनो में से एक के चुनीं

कल्याण बनर्जी कहलें कि ऊ पूरा जिम्मेदारी से केस लड़त रहलें, बाकिर अभिषेक बनर्जी के तरफ से उचित तालमेल ना मिलल। उनकर कहनाम बा कि ऊ करीब 45 साल से वकालत करत बाड़ें आ देस के कइयन गो अदालतन में उनकर पहचान बा।

ऊ कहलें कि अभिषेक बनर्जी के सोच बा कि हर आदमी उनका से नीचे बा। एह रवैया से ऊ बहुते दुखी बाड़ें। कल्याण बनर्जी मुख्यमंत्री आ पार्टी प्रमुख ममता बनर्जी से साफ कहलें कि अब उनका अभिषेक आ उनका में से केहू एक के चुनाव करे के पड़ी।

चुनाव में हार के बाद टीएमसी में बढ़ल असंतोष

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में हार के बाद तृणमूल कांग्रेस में लगातार विरोध के आवाज उठ रहल बा। पार्टी के कइयन गो नेता बागी तेवर देखावत नजर आइल लोग। हाल के दिनन में राज्यसभा से कइयन गाे सांसद इस्तीफा दे चुकल बा लोग, जवना से पार्टी के संकट आउर गहरा गइल बा।

कल्याण बनर्जी पहिलहू बागी नेता लोगन पs निशाना साध चुकल बाड़ें। ऊ आरोप लगवले रहलें कि कुछ नेता पार्टी खातिर संघर्ष ना कइल आ खाली फायदा खातिर राजनीति में जुड़ल बा लाेग।

टीएमसी में बढ़त अंदरूनी खींचतान अब ममता बनर्जी खातिर एगो बड़ चुनौती बन गइल बा। पार्टी के भविष्य आ नेतृत्व के सवाल पर अब सब केहू के नजर उनका अगिला डेग पs टिकल बा।

Read Also: MRM Portal : साइबर ठगी में डूबल पईसा अब मिली वापस! जानीं गृह मंत्रालय के नया एमआरएम पोर्टल के पूरा तरीका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]