छपरा में सबेरे 11 बजे से लेके दु बजे तक तीन घंटा बिजली बाधित रही, मरम्मत के काम होई  

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

छपरा के शहरी क्षेत्र में तीन घंटा के पावर कट के सूचना जारी कइल गइल बा। नमामि गंगे प्रोजेक्ट में काम के लेके आपूर्ति बाधित रही। काम के दौरान बिजली विभाग से शट डाउन के

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में तीन घंटा के पावर कट के सूचना जारी कइल गइल बा। नमामि गंगे प्रोजेक्ट में काम के लेके आपूर्ति बाधित रही। काम के दौरान बिजली विभाग से शट डाउन के मांग कइल गइल बा। जवना के लेके शहरी क्षेत्र के एसडीएस फीडर आ धर्मनाथ फीडर में बिजली बाधित रही।

राजेंद्र सरोवर पॉवर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला दूनो फीडर में पावर कट कइल जाए के बा। एसे छपरा शहर के दक्षिणी हिस्सा किनरवाहि में पावर कट रही। बिजली विभाग सबेरे 11 बजे से दु बजे तक बिजली बाधित कइल जाये के सूचना देले बा। एकरा पहिले बिजली संबंधित कामन के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। जवना से कवनो परेसानी ना होखे। काम समाप्त होखला के बाद दोबारा दु बजे बिजली बहाल कs दिहल जाई।

बरखा के कारण पावर सप्लाई में परेसानी

पावर कट के बारे में जानकारी देत कनीय अभियंता बतवलें कि बरखा के कारण पावर सप्लाई में परेसानी हो रहल बा। जेमे पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। पावर ट्रिप के समस्या के लेके पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जाये के बा। संगही बरखा से पहिले सब तरे के मरम्मति काम के पूरा करे के बा। एकरा के लेके राजेद्र सरोवर पीएसएस से संचालित होखे वाला धर्मनाथ फीडर में पावर कट कइल जाये के बा। एह दौरान तार, ट्रांसफार्मर आ जंफर के रिपेयरिंग कइल जाये के बा। काम खत्म होखला के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान होखे वाला परेसानी खातिर बिजली विभाग क्षमा मंगले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.