UP: सीएम योगी कहलें, मोहर्रम में शस्त्र प्रदर्शन पs रही प्रतिबंध, जुलूस से पहिले कमेटी के उठावे के होई ई कदम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2024

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आवे वाला त्योहारन के मद्देनजर सख्त निरदेस दिहल गइल बा। ऊ सुक के कहलें कि मोहर्रम में शस्त्र के प्रदर्शन पूरा तरे प्रतिबंधित रही। मोहर्रम के जुलूस पs अधिकारी पैनी नजर रखे

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आवे वाला त्योहारन के मद्देनजर सख्त निरदेस दिहल गइल बा। ऊ सुक के कहलें कि मोहर्रम में शस्त्र के प्रदर्शन पूरा तरे प्रतिबंधित रही। मोहर्रम के जुलूस पs अधिकारी पैनी नजर रखे लो। जुलूस निकाले खातिर लिखित अनुमति लिहल अनिवार्य कइल जाव। एकरा संगही कांवड़ यात्रा के दौरान डीजे के ऊंचाई मानक पs रखल जाये के निरदेस देलें।

मुख्यमंत्री मंडलीय समीक्षा बैठक के दौरान कहलें कि कवनो परिस्थिति में त्योहारन पs नया परंपरा के सुरुआत ना होखे दिहल जाव।

बस्ती आयुक्त कार्यालय में सीएम योगी कइलें पौधरोपण।
ऊ पुलिस अधिकारियन के निरदेसित कइलें कि अपराधियन के संगे कवनो तरे के ढिलाई ना बरतल जाई। ओकरा खिलाफ कठोर कार्रवाई कs के पीड़ितन के न्याय दिलावल जाई।

महिला सुरक्षा के लेके भीड़भाड़ वाला स्थानन पs सादा लिबास में पुलिस के तैनाती कइल जावs। पुलिस के निरंतर पेट्रोलिंग करे के निरदेस कइलें। कहलें कि अवैध टैक्सी स्टैंड वसूली एकदम ना होखे दिहल जाव, अइसन ममिलन में सख्त कार्रवाई कइल जाव। पीडब्ल्यूडी अधिकारियन के चेतवलें कि सब सड़कन के यथाशीघ्र गड्ढामुक्त कइल जाव। ताकि बरसात में लोगन के आवागमन में परेसानी ना होखे।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.