TMC मेघालय के तुरा से जेनिथ सांगमा के टिकट देलस, कांग्रेसो इहां से उम्मीदवार उतार चुकल बिया 

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 13, 2024

तृणमूल कांग्रेस लोकसभा चुनाव खातिर मेघालय के तुरा सीट से पूर्व सीएम जेनिथ एम सांगमा के टिकट देले रहे। एह सीट से फिलहाल राज्य के सत्ताधारी पार्टी नेशनल पीपुल्स पार्टी के अगाथा के सांगमा सांसद

Share

तृणमूल कांग्रेस लोकसभा चुनाव खातिर मेघालय के तुरा सीट से पूर्व सीएम जेनिथ एम सांगमा के टिकट देले रहे। एह सीट से फिलहाल राज्य के सत्ताधारी पार्टी नेशनल पीपुल्स पार्टी के अगाथा के सांगमा सांसद बाड़ें।

TMC के ई डेग के I.N.D.I.A ब्लॉक पार्टी कांग्रेस के विरोध के तौर पs देखल जा रहल बा। कांग्रेस एह सीट से सालेंग ए सांगमा के उतरले रहे। TMC के उम्मीदवार घोषित कइला के बाद राज्य में TMC-कांग्रेस अलायंस खत्म हाे गइल बा।

बता दीं कि तमाम पार्टी अपना उम्मीदवारन के नाम घोषित करे में जुटल बाड़ी सs। भाजपा आ कांग्रेस के सूची पहिलही आ चूकल बा। अगिला सूची खातिर दुनो पार्टी के केंद्रीय नेतृत्व विचार कs रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.