Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

THE KASHMIR FILES पर ट्वीट कइले से ट्रोल के सिकार भइली पत्रकार राणा अयूब

बोलली- The Kashmir Files के खास वजह से कइल जा रहल बा टैक्स फ्री

183

द कश्मीर फाइल्स फिल्म ए दिनन खूब चर्चा मे बा। लगातार एह फिल्म के देखे वालन के प्रतिक्रिया सोशल मीडिया पs सामने आ रहल बा। कुछ लोग एह फिल्म के सामने लावे खातिर निर्माता के धन्यवाद दे रहल बा तो उहवें कुछ अइसनो लोग बा जे एके समाज में जहर घोरे आला फिल्म बता रहल बा।

पत्रकार फिल्म के टैक्स फ्री कइले पs कइली ट्वीट: 

पत्रकार राणा आयूब ने सिनेमाघर में भइल “देश के गद्दारों को, गोली मारो” नारेबाजी के वीडियो पs प्रतिक्रिया देत ट्विटर पs लिखली कि “सिनेमाघर में मुस्लिम विरोधी नफरत, राजनीतिक आतंकवादियन से नाइ बा। ई बहुमत से बा। फिल्म के टैक्स फ्री घोषित कइल गइले के एगो वजह बा कि निर्देशक प्रधानमंत्री के संगे फोटो सेशन क रहल बाने अउर कुछ बीमार उदारवादी लोग मुसलमानन के फांसीवाद के हरवले के उपदेश दीहें”

अशोक पंडित अइसे देहने जवाब 

एह पs फिल्ममेकर अउर कश्मीरी पंडित अशोक पंडित जवाब देत लिखने कि “मैडम ई मुस्लिम विरोधी नफरत नाइ बा बलुक राष्ट्रवादी अउर आतंकवाद विरोधी नफरत बा। अउर देश के पीएम के संगे फोटो सेशन करावल गर्व के बात होखे के चाहीं। हमके पता बा कि आप अउर आपके जमात के सब बेगम लोग एह क्रांति से बेचैन अउर असहज बा। ई त अभिन सुरुआत बा।”

लोग के प्रतिक्रिया

वीर प्रताप सिंह नाव के यूजर लिखने कि “का पाखंड बा? का तू सीरियस बाड़ू ,जा अउर ध्यान से वीडियो के सुनs कि ऊ का चिल्ला रहल बा? ऊ देश के गद्दार कह रहल बा त का गद्दार-मुसलमान के बराबर बा?” रूचि नाव के यूजर लिखली कि “वायरल हो रहल वीडियो में धर्म, जाति चाहे समुदाय के जिक्र कहवाँ कइल गइल बा?”

अर्चित नाव के यूजर लिखने कि “ई मुस्लिम विरोध के बारे में नाइ बा, ई देश विरोधी लोगन के बारे में बा। नफरत फइलावे वाले एह तरह के बात बना रहल बाने, तथाकथित धोखेबाज धर्मनिरपेक्षता।” सुमन शर्मा नाव के यूजर लिखली कि “कश्मीर में हिंदू विरोधी नफरत, राजनीतिक आतंकवादियन से नाइ बा। ई धार्मिक आतंकवादियन से बा। फिल्म के टैक्स फ्री घोषित कइल गइले के एगो वजह बा, निर्देशक प्रधानमंत्री के संगे बइठक क रहल बाने, हिंदू आपन दुखद इतिहास बता रहल बा त कुछ लोग के एतना दिक्कत काहें हो रहल बा?”

228210cookie-checkTHE KASHMIR FILES पर ट्वीट कइले से ट्रोल के सिकार भइली पत्रकार राणा अयूब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.