Ram Mandir: कर्नाटक से आइल श्याम शिला से होई भव्‍य रामलला के मूर्ति के निर्माण, 5 बरिस के उमिर भगवान

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 20, 2023

रामजन्मभूमि पs स्थापित होखे वाला रामलला के मूर्ति निर्माण खातिर कइयन शीर्ष कलाकारन के पैनल तइयार कइल गइल बा। एमे मैसूर के प्रख्यात मूर्तिकार अरुण योगिराज सामिल बाड़ें। अरुण हाल के कुछ बरिसन में कइयन

Share

रामजन्मभूमि पs स्थापित होखे वाला रामलला के मूर्ति निर्माण खातिर कइयन शीर्ष कलाकारन के पैनल तइयार कइल गइल बा। एमे मैसूर के प्रख्यात मूर्तिकार अरुण योगिराज सामिल बाड़ें। अरुण हाल के कुछ बरिसन में कइयन गो चर्चित मूर्तियन के बना चुकल बाड़ें। एमे केदारनाथ में पांच नवंबर 2021 के लोकार्पित आदि शंकराचार्य आ दिल्ली के कर्तव्य पथ पs स्थापित नेताजी सुभाषचंद्र बोस के 28 फीट ऊंच प्रतिमा सामिल बा।

द‍िव्‍य आ भव्‍य होई रामलला के मूर्त‍ि

अरुण पिछिला दिनन रामसेवकपुरम में रखल ओह शिलन के निरीक्षण कइलें, जवना में से सर्वाधिक उपयुक्त समझल जाये वाला कवनो एगो शिला से रामलला के मूर्ति बने के बा। संजोग से अरुण जवना शिला के रामलला के मूर्ति खातिर पसंद कइलें, उहो कर्नाटक से आइल श्याम शिला हs। मूर्ति में भगवान पांच साल के आयु के दिखेम। भगवान के मुख पs बाल सुलभ मधुर मुस्कान भाव होई।

जनवरी में सूर्य के उत्तरायण होखला पs होई रामलला के प्राण प्रतिष्ठा

खड़ी मुद्रा के ई मूर्ति 52 इंच ऊंच बने के बा। जन्मभूमि पs निर्मित हो रहल राम मंदिर के भूतल के निर्माण एही साल के अंत के पहिले तक होखे के बा आ अगिला साल के पहिला महीना में रामलला के मूर्ति स्थापित कइल जाये के बा। मंदिर में भगवान के प्राण प्रतिष्ठा जनवरी 2024 में सूर्य के उत्तरायण होखते करावल जाये के लेके विद्वानन से तिथि पs मंथन कइल जा रहल बा। एह दौरान कइयन प्रकार के उत्सव होई। एकर खातिर तइयारी पs मई महीना में होखे वाला बैठक में विचार कइल जाई। रामलला के मूर्ति निर्मित करे खातिर पद्म विभूषण सुदर्शन साहू आ रामवी शुतार जइसन शीर्ष मूर्तिकारन के नाम पs विचार कइल जा रहल बा। सुतार हाले में ऊ विशाल वीणा बनवले बाड़ें, जवना के अयोध्या के लता मंगेशकर चौक पs स्थापित कइल गइल बा।

कवनो शीर्ष चित्रकार के प्रारूप पs बनी मूर्ति

रामलला के मूर्ति जवना प्राारूप पs निर्मित होखे के बा, ओकरा के देस के पांच शीर्ष चित्रकारन द्वारा प्रस्तुत कइल गइल बा। एमे पुणे के वासुदेव कामत, मैसूर के प्रो. जीएल भट्ट, वी मनैैया, सुरेंद्र विश्वकर्मा आ सत्यनारायण शर्मा सामिल बा। ट्रस्ट के सदस्य डा. अनिल मिश्र बतवलें कि अभी मूर्तिकार के नाम पs अंतिम निर्णय नइखे हो सकल।

रामलला के मुर्ति खातिर इकठ्ठा भइल बा चुनिंदा शिला

रामलला के मूर्ति बनावल गइला खातिर रामघाट क्षेत्र इस्थित रामसेवक पुरम में पिछिला तीन महीना के दौरान कर्नाटक से पांच, राजस्थान से चार, उड़ीसा से एगो आ नेपाल से दु गो शिला ले आवल गइल बा आ एही में से एगो शिला के समीचीन मानके रामलला के मूर्ति खातिर ओकर निर्माण होखे के बा।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.