पत्नी के फोन पऽ बात करे से मना कइल पति के पड़ल भारी, पहिले करेंट लगवलस फेर बल्ला से कइलस पिटाई

By Anurag Ranjan

Published on: May 30, 2024

Mainpuri News उत्तर प्रदेश के मैनपुरी जिला में हैरान कऽ देवे वाला मामला सामने आइल बा। पत्नी अपना पति के नशीला पदार्थ पिया के पहिले अर्धचेतन अवस्था में कऽ देलस। ओकरा बाद करंट लगवलस फेर

Share

Mainpuri News उत्तर प्रदेश के मैनपुरी जिला में हैरान कऽ देवे वाला मामला सामने आइल बा। पत्नी अपना पति के नशीला पदार्थ पिया के पहिले अर्धचेतन अवस्था में कऽ देलस। ओकरा बाद करंट लगवलस फेर बल्ला से बेरहम जइसन पिटाईयो कइलस। युवक के हालत नाजुक होखे पs ओकरा के सैफई के एगो अस्पताल में इलाज खातिर भर्ती करावल गइल। अस्पताल से छुट्टी भइला के बाद युवक पत्नी के खिलाफ प्राथमिक दर्ज करवले।

मामला मैनपुरी जिला के उजागरपुर के हऽ। पीड़ित प्रदीप प्राथमिकी दर्ज करवलस कि ओकर बिया सात साल पहिले भइल रहे। पत्नी बेबी हमेशा फोन पs बाते करे। विरोध कइला पs झगड़ा करे लागे। 18 मई के उऽ पत्नी के फोन करे से रोकले तऽ पत्नी इनकरा के नशीला पदार्थ खिया देलस। जेकरा चलते उऽ अर्धचेतन हालत में पहुंच गइले। एही दौरान पत्नी उनका के करंट लगवलस फेर क्रिकेट के बल्ला से पिटाइयो कइलस। अपना मासूम बेटो के मरलस पीटलस।

परिवार के लोग इलाज खातिर सैफई में भर्ती करवलस। हालत में सुधार होखला के बाद  उऽ प्राथमिकी दर्ज करवले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.