लईकी चीखत रहे आ दु लोग ओपर ताबड़तोड़ बरसावत रहे डंडा, TMC विधायक के करीबी पs लागल आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 9, 2024

  पश्चिम बंगाल से इंसानियत के शर्मसार करे वाली खबर सामने आइल बा. इहाँ कुछ लोग के ओर से एगो लईकी के बेरहमी से पिटाई के मामला सोझा आईल बा। एकर वीडियो भी सामने आईल

Share

 

पश्चिम बंगाल से इंसानियत के शर्मसार करे वाली खबर सामने आइल बा. इहाँ कुछ लोग के ओर से एगो लईकी के बेरहमी से पिटाई के मामला सोझा आईल बा। एकर वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में देखल जा सकता कि दु लोग लईकी के डंडा बरसावत बाड़े अवुरी चार लोग एक संगे लईकी के पकड़ले बाड़े। भाजपा एह घटना खातिर तृणमूल कांग्रेस के निशाना बनवले बिया.

भाजपा का कहलस? 

सोशल मीडिया हैंडल पs भाजपा पोस्ट कइलस महिला अधिकार के समर्थन करे के दावा करे वाली सरकार के इs बर्बर कृत्य इंसानियत पs शर्मनाक दाग बा। एह मामिला के तुरते जाँच होखे के चाहीं आ कवनो हालत में न्याय से समझौता ना होखे के चाहीं.

10 जुलाई के पश्चिम बंगाल में उपचुनाव होखे वाला बा

पश्चिम बंगाल के मानिकतला, रायगंज, राणाघाट दक्षिण आ बगदाह सीट पs उपचुनाव होला. अयीसना में अयीसन वीडियो के उभरला से राज्य में सत्ताधारी तृणमूल कांग्रेस के समस्या बढ़ सकता। एकरा संगे भाजपा के टीएमसी के निशाना बनावे के मुद्दा मिल गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.