बेकाबू भइल भीड़, बैरिकेडिंग तुड़ के मंच ले पहुंचल- नाराज होके बिना भाषण देले लवट गइलें अखिलेश आ राहुल

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2024

फूलपुर संसदीय सीट से समाजवादी पार्टी के उम्मीदवार अमरनाथ सिंह मौर्य के समर्थन में पडिला इस्थित मैदान में आयोजित जनसभा ना हो पावल। कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव

Share

फूलपुर संसदीय सीट से समाजवादी पार्टी के उम्मीदवार अमरनाथ सिंह मौर्य के समर्थन में पडिला इस्थित मैदान में आयोजित जनसभा ना हो पावल। कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव मंच पs जइसही पहुंचले भीड़ बेकाबू हो गइल। बैरीकेडिंग तुड़त भीड़ मंच ले पहुंच गइल। माइक के आ बिजली के तार टूट गइल। कई गो कार्यकर्ता आ मीडिया कर्मी गिर के धवाइल हो गइले।

फूलपुर लोकसभा क्षेत्र में सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव आ कांग्रेस नेता राहुल गांधी के संयुक्त जनसभा में भीड़ अनियंत्रित हो गइल आ बैरिकेडिंग तुड़ के मंच ले पहुंच गइल। माइक टूट गइल। बिजली व्यवस्था बाधित हो गइल। दुनु नेता बहुत लोगन के समझावे लागल आ व्यवस्था सुचारू होखे के इंतजार कइलस। व्यवस्था ना सुधरल तऽ दुनु नेता बिना सभा कइले वापस लवट गइले।

फूलपुर में बिना सभा कइले लवटले राहुल आ अखिलेश

फूलपुर संसदीय सीट से समाजवादी पार्टी के उम्मीदवार अमरनाथ सिंह मौर्य के समर्थन में पडिला इस्थित मैदान में आयोजित जनसभा ना हो पावल। कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव मंच पs जइसही पहुंचले भीड़ बेकाबू हो गइल। बैरीकेडिंग तुड़त भीड़ मंच ले पहुंच गइल। माइक के आ बिजली के तार टूट गइल। कई गो कार्यकर्ता आ मीडिया कर्मी गिर के धवाइल हो गइले।

राहुल गांधी आ अखिलेश कार्यकर्ता आ समर्थकन के देखत रहले बाकिर बेकाबू भीड़ नियंत्रित ना भइल हुई। करीब 20 मिनट ले दुनु नेता इहाँ रहले आ फेर बिना भाषण देले हेलीकॉप्टर में सवार होके निकल गइले।

राहुल गांधी आ अखिलेश पहुंचले मुंगारी 

एकरा बाद कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ सपा सुप्रीमो अखिलेश यादव रविवार दुपहरिया के बाद दू बजे इलाहाबाद संसदीय क्षेत्र से इंडी गठबंधन के प्रत्याशी उज्ज्वल रमण सिंह के समर्थन में सभा करे खातिर करछना विधानसभा क्षेत्र के मुंगारी गांव पहुंचले। दुनु नेता रैली के संबोधित कइले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.