[the_ad_group id="30365"]

Commonwealth Games 2026 : आज से सुरू हो रहल बा कॉमनवेल्थ गेम्स, जानीं पहिला दिन के भारत के पूरा शेड्यूल

Commonwealth Games 2026
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ग्लासगो। कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के आज से आधिकारिक सुरुआत हो रहल बा। अबकि बेर खेल के आयोजन स्कॉटलैंड के ग्लासगो शहर में हो रहल बा, जहां 74 देस के करीब 3000 खिलाड़ी हिस्सा ले रहल बा लो। भारत 19वां बेर एह प्रतिष्ठित खेल प्रतियोगिता में भाग ले रहल बा। पहिला दिने भारतीय खिलाड़ी लॉन बॉल्स में चुनौती पेश करी लो, जबकि रात में भारतीय दल उद्घाटन समारोह में सामिल होई।

74 देस के खिलाड़ी ले रहल बा लो हिस्सा

कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 अबकि बेर छोट पैमाना पs आयोजित हो रहल बा। कुल 10 खेल के प्रतियोगिता आयोजित होई, जबकि 215 मेडल इवेंट्स रखल गइल बा। बावजूद एकरा, भारतीय खिलाड़ियन से सानदार प्रदर्शन आ मेडल जीत के उम्मेद बा।

19वां बेर कॉमनवेल्थ गेम्स खेल रहल बा भारत

भारत एह साल 19वां बेर कॉमनवेल्थ गेम्स में हिस्सा ले रहल बा। पिछिला संस्करण 2022 में इंग्लैंड के बर्मिंघम में आयोजित भइल रहे, जहां भारत सानदार प्रदर्शन करत 61 पदक जीतले रहे। अबकि बेर भारतीय दल से बेहतरीन प्रदर्शन के आस बा।

पहिला दिने भारत के शेड्यूल

कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के पहिला दिने भारतीय खिलाड़ी लॉन बॉल्स के पुरुष आ महिला वर्ग के ग्रुप स्टेज मुकाबला खेली लो। एकरा बाद रात में भारतीय दल उद्घाटन समारोह में सामिल होई।

भारत के पहिला दिन के पूरा शेड्यूल (भारतीय समयानुसार)

  • पुरुष सिंगल्स ग्रुप स्टेज (लॉन बॉल्स): दुपहरिया 2:00 बजे
  • महिला पेयर्स ग्रुप स्टेज (लॉन बॉल्स): दुपहरिया 2:00 बजे
  • उद्घाटन समारोह (Opening Ceremony): रात 10:30 बजे

भारत में कहां देखल जा सकी लाइव मुकाबला?

भारत में कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के सीधा प्रसारण सोनी स्पोर्ट्स नेटवर्क पs देखल जा सकी। ऑनलाइन लाइव स्ट्रीमिंग साेनी लीव ऐप पs उपलब्ध रही। खेल के सुरुआत भारतीय समयानुसार दुपहरिया 1:30 बजे से होई, जबकि जादेतर मेडल मुकाबला रात 9:30 बजे से सुरू होई।

एह भारतीय खिलाड़ियन पs टिकल बा मेडल के उम्मीद

अबकि बेर भारतीय खेल प्रेमियन के नजर कइयन गो स्टार खिलाड़ियन पs टिकल बा। सबसे जादे मेडल के उम्मीद नीरज चोपड़ा (भाला फेंक), मीराबाई चानू (वेटलिफ्टिंग), मुरली श्रीशंकर (लंबी कूद), लवलीना बोरगोहेन (मुक्केबाजी) आ तुलिका मान (जूडो) से बा। जदि ई खिलाड़ी अपना सानदार प्रदर्शन के दोहरावे में सफल रहल लो, तs भारत के झोली में कइयन गो मेडल आ सकेला।

भारत के प्रदर्शन पs सब केहू के नजर

कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के सुरुआत के संगे खेल प्रेमियन के उम्मीद बा कि भारतीय खिलाड़ी पिछिला संस्करण जइसन सानदार प्रदर्शन करी लो। पहिला दिने लॉन बॉल्स आ उद्घाटन समारोह के बाद भारत के मेडल अभियान धीरे-धीरे रफ्तार पकड़ी।

Read Also: Azamgarh News : सपा के वरिष्ठ नेता आलमबदी आजमी के निधन, 92 बरिस के उमिर में लेलें आखिरी सांस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]