आजमगढ़। समाजवादी पार्टी (सपा) खातिर दुखद खबर बा। निजामाबाद विधानसभा सीट से पांच बेर विधायक रहल वरिष्ठ नेता आलमबदी आजमी के बुध के देर रात निधन हो गइल। ऊ 92 बरिस के रहलें। आजमगढ़ शहर के कुर्मी टोला इस्थित अपना आवास पs ऊ आखिरी सांस लेलें। उनकर निधन के खबर से पूरा इलाका आ सपा कार्यकर्ता लोगन में शोक के लहर दउड़ गइल बा।
लमहर समय से खराब रहे तबीयत
जानकारी के मोताबिक, आलमबदी आजमी के स्वास्थ्य कुछ समय से लगातार खराब चलत रहे। इलाज खातिर उनकर लखनऊ में भरती करावल गइल रहे, बाकिर तबीयत में खास सुधार ना होखला पs डॉक्टर लोग उहां से घरे भेज देले रहे। बुध के रात अपना आवास पs उनकर निधन हो गइल।
श्रद्धांजलि देवे खातिर उमड़ल भीड़
आलमबदी आजमी के निधन के खबर मिलतही समाजवादी पार्टी के नेता, कार्यकर्ता, अलग-अलग राजनीतिक दलन के प्रतिनिधि, सामाजिक संगठन के पदाधिकारी आ हजारन समर्थक उनका आवास पs पहुंच गइल लोग। बियफे के सबेरे से लोग लगातार उनका पार्थिव शरीर पs फूल चढ़ा के श्रद्धांजलि दे रहल बा। उनका निधन से आजमगढ़ सहित पूरा पूर्वांचल के राजनीति में शोक के माहौल बन गइल बा।
पांच बेर बनलें निजामाबाद के विधायक
आलमबदी आजमी के राजनीतिक सफर बहुते लमहर आ प्रभावशाली रहे। ऊ कुल पांच बेर उत्तर प्रदेश विधानसभा खातिर निजामाबाद सीट से विधायक चुनल गइल रहस।
- 1996 में पहिला बेर विधायक बनलें।
- 2002 में दूसरका बेर जीत हासिल कइलें।
- 2007 के चुनाव में बसपा उम्मीदवार अंगद यादव से हार गइलें।
- हार के बाद जबरदस्त वापसी करत 2012, 2017 आ 2022 में लगातार तीन बेर विधायक बनके जनता के प्रतिनिधित्व कइलें।
सपा के मजबूत नेता के रूप में रहे पहचान
आलमबदी आजमी समाजवादी पार्टी के वरिष्ठ नेता में गिनल जात रहलें। जनता के बीच उनकर मजबूत पकड़, सादगी आ जनसमस्यन के समाधान खातिर हमेसा सक्रिय रहला के कारण ऊ बहुते लोकप्रिय रहलें। विधानसभा में ऊ क्षेत्रीय मुद्दा मजबूती से उठावे खातिर जानल जात रहलें।
राजनीतिक जगत में शोक के माहौल
आलमबदी आजमी के निधन पs समाजवादी पार्टी सहित कइयन गो राजनीतिक दलन के नेता शोक व्यक्त कइले बाड़ें। लोग उनकर जोगदान के इयाद करत परिवार के प्रति संवेदना प्रकट करत बा। आजमगढ़ आ निजामाबाद क्षेत्र में उनका निधन के बाद शोक के माहौल बा।
Read Also: NEET Paper Leak : पीएम मोदी के बड़ एलान, पेपर लीक के सब ममिलन के फास्ट ट्रैक कोर्ट में होई सुनवाई








