ग्रेटर नोएडा के अस्पताल के बड़ लापरवाही, बांया के जगह डॉक्टर कs दिहलस दाहिना आंख के ऑपरेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

  ग्रेटर नोएडा के सेक्टर गामा 1 के आनंद स्पेक्ट्रम हॉस्पिटल में 7 साल के मासूम बच्चा के आंख के ऑपरेशन के दौरान डॉक्टर के लापरवाही सोझा आईल बा। डाक्टर उनका गलत आंख के ऑपरेशन

Share

Doctor Operated Wrong Eye

 

ग्रेटर नोएडा के सेक्टर गामा 1 के आनंद स्पेक्ट्रम हॉस्पिटल में 7 साल के मासूम बच्चा के आंख के ऑपरेशन के दौरान डॉक्टर के लापरवाही सोझा आईल बा। डाक्टर उनका गलत आंख के ऑपरेशन कइलस। एकरा चलते बच्चा के परिवार के लोग अस्पताल में हंगामा मचवले। पुलिस मौका पs पहुंच के ओ लोग के शान्त कs देलस। अभिभावक एs मामला के शिकायत सीएमओ गौतम बुद्ध नगर से कईले बाड़े। पुलिस के मुताबिक एs मामला में जांच के बाद कार्रवाई होईहोई

अस्पताल में हंगामा के सूचना पs पहुंचल पुलिस अधिकारी दुनो पक्ष के बात सुन के मामला के समझे के कोशिश कईले। पीड़ित बच्चा के पिता नितिन भाटी अपना बच्चा के जान से खेले वाला अस्पताल के खिलाफ सीएमओ के शिकायत कइले बाड़े। उs अस्पताल के सील करे अवुरी डॉक्टर के लाइसेंस रद्द करे के मांग कईले बाड़े।

सीएमओ के दिहल शिकायत में नितिन भाटी आरोप लगवले कि उनुकर 7 साल के बेटा युधिष्ठिर के बायां आंख में पानी के से परेशानी होखता। उs लोग ओकरा के अस्पताल ले गईले। उहाँ देखला के बाद डॉक्टर आनंद वर्मा बतवले कि बच्चा के आंख में प्लास्टिक जईसन कुछ बा, ऑपरेशन से ठीक हो सकता।

नितिन वर्मा के कहनाम बा कि उs ऑपरेशन खातीर 45 हजार रुपया जमा कईले अवुरी 12 तारीख के बच्चा के ऑपरेशन भईल। जब बच्चा के घरे ले जाइल गईल तs ओकर माई कहली कि बच्चा के बायां आंख में समस्या बा बाकिर दाहिना आंख के ऑपरेशन काहें भईल।

एकरा बाद जब उs अस्पताल में डॉक्टर के लगे गईले तs डॉक्टर अवुरी उनुकर कर्मचारी उनुका संगे बदसलूकी कईले। नितिन 112 नंबर पs फोन कs के पुलिस के फोन कईले। पुलिस के कहनाम बा कि चूंकि मामला मेडिकल बा एहसे सीएमओ एकर जांच करीहे। जांच के बाद उचित कार्रवाई कईल जाई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.