छोटे भाई के हत्या के धमकी दे नाबालिग के आरोपी कइलस किडनैप

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

सासाराम : पछिला कुछ दिन से बिहार में देखल जाता कि राज्य के क्राइम ग्राफ में तेजी से बढ़ोतरी होखता। सबसे बड़ बात देखल जा रहल बा कि बेटी सुरक्षित नइखी। बेटियन के संगे दुष्कर्म

Share

सासाराम : पछिला कुछ दिन से बिहार में देखल जाता कि राज्य के क्राइम ग्राफ में तेजी से बढ़ोतरी होखता। सबसे बड़ बात देखल जा रहल बा कि बेटी सुरक्षित नइखी। बेटियन के संगे दुष्कर्म के घटना रोज सोझा आवता। अइसना में रोहतास के कोचस थाना क्षेत्र के एगो गांव से ताज़ा मामला सोझा आइल बा। दसवीं कक्षा के छात्रा के संगे दुष्कर्म के घटना भइल बा।

मिलल जानकारी के मुताबिक इ खबर सासाराम अनुमंडल क्षेत्र के बा। जहां कोचस थाना क्षेत्र के एगो गांव में दसवीं कक्षा के छात्रा के संगे दुष्कर्म के मामला सोझा आइल बा। आरोपी फरार बतावल जाता। ए मामला में कोचास थाना में दुष्कर्मी समेत तीन लोग के खिलाफ मामला दर्ज भइल बा। घटना के बारे में बतावल जाता कि पीड़िता कोचस थाना क्षेत्र के एगो गांव से ट्यूशन पढ़े खाती कोचस बाजार आइल रहे। ओकरा बाद बाइक सवार तीन युवक लइकी के हथियार से धमका के अपना हिरासत में ले लेले।

बतावल जाता कि बाइक पs सवार तीन युवक बंदूक के नोक प छात्रा के अपना नियंत्रण में लेके कहले कि हमनी के संगे चलऽ, ना तऽ तोहरा छोट भाई के हत्या कऽ देब। एकरा बाद आरोपी लइकी के बाइक से अपना मउसी के घरे ले गइले, दु दिन तक रखले आ दुष्कर्म कइले। बाद में पुलिस के मदद से लइकी के तलाश शुरू हो गइल।

एकरा बाद आरोपी आ ओकरा मउसी के परिवार के लोग लइकी के गोरारी बाजार में छोड़ के भाग गइले। पीड़ित लइकी अपना परिवार के संगे कोचास थाना पहुंच के भोजपुर जिला के हसन बाजार थाना क्षेत्र के मझियाओं गांव के निवासी प्रकाश कुमार के खिलाफ मामला दर्ज करवली। एकरा अलावे अगरसी डिहरा, कोचस निवासी अनिल कुमार आ दिनारा थाना क्षेत्र के उसराव निवासी बिट्टू कुमार के खिलाफो मामला दर्ज भइल बा। दूसर ओर पुलिस लइकी के स्वास्थ्य जांच करा देले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.