ठाणे: प्लाईवुड गोडाउन में भीषण आग,आग बुझावे में दमकल के पसीना छूटल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2025

महाराष्ट्र के ठाणे में प्लाईवुड गोदाम में भारी आग लग गईल। आग एतना तेज रहे कि पूरा इलाका में दहशत मच गईल। चार मंजिला गोदाम में आग लाग गईल। अयीसना में ऊपरी भाग में मौजूद

Share

महाराष्ट्र के ठाणे में प्लाईवुड गोदाम में भारी आग

महाराष्ट्र के ठाणे में प्लाईवुड गोदाम में भारी आग लग गईल। आग एतना तेज रहे कि पूरा इलाका में दहशत मच गईल। चार मंजिला गोदाम में आग लाग गईल। अयीसना में ऊपरी भाग में मौजूद माल भी जरि के राख हो गईल। घटना जिला के भिवंडी इलाका के मणि सूरत परिसर में भईल बा। इहां रहनाल भिवंडी के पास प्लाईवुड गोदाम में भारी आग लाग गईल। चार मंजिला इमारत में लागल आग बुझावे में भिवांडी फायर ब्रिगेड के बहुत समय लागल।

आग के कारन अब कहल मुश्किल बा, बाकिर धीरे-धीरे आग के लपट बढ़त गईल। भिवंडी फायर के आग पs काबू पावे खातिर बहुत मेहनत करे के पड़ल। फायर ब्रिगेड के ओर से आग के लपट पs काबू ना हो पावल तs लोग फैक्ट्री के ऊपरी हिस्सा में मौजूद सामान के बाहर फेंके लगले। भिवंडी नगर निगम के ओर से चार से पांच फायर ब्रिगेड के गाड़ी मौका पs भेजल गईल। 

ग्वालियर रेलवे स्टेशन पs आग लागल

शुक के दिने ग्वालियर रेलवे स्टेशन पs आग लाग गइल जवना से बंद वीआईपी वेटिंग रूम आ ओकरा से सटल स्टेशन डायरेक्टर के कार्यालय के नुकसान भइल. हालांकि एहमें कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नइखे. अधिकारी बतवले कि मध्य प्रदेश के एs रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर एक पs वेटिंग रूम में लागल आग के एक घंटा के भीतर काबू में ले आवल गईल। अधिकारी बतवले कि आग में केहु घाही नईखे भईल, बाकिर आग लागे के कारण के बारे में अबे ले पता नईखे चलल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.