सूरत में तनाव: गणेश प्रतिमा से अभद्रता के बाद पथराव

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 9, 2024

गुजरात के सूरत शहर में गणपति पर्व के दौरान फइलल तनाव। असल में बतावल जाता कि कुछ लोग कथित तौर पs एगो पंडाल प पत्थरबाजी कइले। एकरा चलते भगवान गणेश के मूर्ति के नुकसान हो

Share

Surat News

गुजरात के सूरत शहर में गणपति पर्व के दौरान फइलल तनाव। असल में बतावल जाता कि कुछ लोग कथित तौर पs एगो पंडाल प पत्थरबाजी कइले। एकरा चलते भगवान गणेश के मूर्ति के नुकसान हो गइल। सैयदपुरा में एतवार के देर रात भइल एह घटना के सिलसिला में पुलिस कुछ नाबालिग के हिरासत में लेलस। एकरा बाद करीब 300 लोग लालगेट थाना के घेराबंदी कइले। उ अपना समुदाय के लोग के खिलाफ भइल कार्रवाई के विरोध कइले। एह दौरान इस्थिति बेकाबू हो गइल।

हिंसा कइसे भड़कल?

पुलिस के मुताबिक ऑटोरिक्शा में सफर करत कुछ बदमाश गणेश पंडाल पs पथराव कइले। एकरा चलते मूर्ति टूट गइल। पुलिस ए मामला में कुछ नाबालिग के हिरासत में लेलस। उनका के लालगेट थाना ले आवल गइल। सूरत के पुलिस आयुक्त अनुपम सिंह गहलोत बतवले कि जब भीड़ अपना समुदाय के लोग के हिरासत में लेवे के विरोध में थाना के घेराबंदी कइलस तऽ दु समूह एक दूसरा प पथराव करे लागल। एह दौरान कुछ पुलिसकर्मी घायल हो गइले।

पुलिस के एगो गाड़ीयो क्षतिग्रस्त हो गइल। इस्थिति के बेकाबू होखत देख पुलिस लाठी चार्ज के सहारा लेलस आ भीड़ के तितर-बितर करे खातिर आंसू गैस के गोला छोड़ देलस। उऽ कहले कि हमनी के लगे सीसीटीवी फुटेज अवुरी वीडियो रिकॉर्डिंग बा। एकरा संगे सभके पहचान हो जाई। आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल जाई आ दोषी के कड़ा सजा दिहल जाई।

कवना धारा के तहत मामला दर्ज भइल रहे?

पुलिस भारतीय न्यायिक संहिता के अलग-अलग प्रावधान के तहत मामला दर्ज कइले बिया, जवना में गैरकानूनी तौर पs सभा, कवनो वर्ग के धर्म के अपमान करे के इरादा से कवनो पूजा स्थल के नुकसान पहुंचावल चाहे अपवित्र कइल आ कवनो वर्ग के धार्मिक नफरत भड़कावल शामिल बा। चाहे एकरा में जानबूझ के आ दुर्भावनापूर्ण काम शामिल बा। केहू मे धार्मिक मान्यता के अपमान कऽ के धार्मिक भावना के चोट पहुंचावल शामिल बा। पुलिस के मुताबिक हिंसा में शामिल लोग के खिलाफ दंगा, अवैध सभा स सार्वजनिक संपत्ति के नुकसान पहुंचावे आदि के आरोप में मामला दर्ज भइल बा।

अबही ले केतना कार्रवाई भईल बा?

अभी तक एह घटना के सिलसिला में 32 लोग के हिरासत में लिहल गइल बा। दू गो अलग अलग प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

 सरकार का कइलस?

गुजरात के गृहमंत्री हर्ष शांघवी आ पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी घटना स्थल के दौरा कइले। उऽ जनता से अपराधी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई करे के वादा कइले। संघवी कहलन कि जे केहू शहर के शांति आ सौहार्द भंग करी ओकरा के गिरफ्तार कऽ लिहल जाई। केहू के छोड़ल ना जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.