माथा पs चंदन आ पीतांबर ओढ़ले तपस्या करत दिखले तेज प्रताप यादव

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2025

लालू प्रसाद यादव के बड़का बेटा तेज प्रताप यादव हमेशा सुर्खियन में रहेले । तेज प्रताप यादव के पार्टी (राजद) अवुरी परिवार दुनो से निकाल दिहल गईल बा। लालू प्रसाद यादव के नाम अनुष्का यादव

Share

लालू प्रसाद यादव के बड़का बेटा तेज प्रताप यादव हमेशा सुर्खियन में रहेले । तेज प्रताप यादव के पार्टी (राजद) अवुरी परिवार दुनो से निकाल दिहल गईल बा। लालू प्रसाद यादव के नाम अनुष्का यादव से जुड़ला के बाद ई फैसला लिहले बाड़न. एकरा बाद एक बेर फेरु तेजप्रताप यादव सोशल मीडिया पs बहुत सक्रिय हो गईल बाड़े। शिव के भक्ति में डूबल देखल जाला। उs शिवलिंग के सोझा बईठ के तपस्या करत देखाई देतारे।

तेज प्रताप यादव भक्ति में खोवल बाड़े

तेज प्रताप यादव सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs एगो वीडियो अपलोड कइले बाड़न, एह वीडियो में तेज प्रताप यादव माथा पs चंदन लगा के आ केसर रंग के कपड़ा (पीताम्बर) पहिन के शिवलिंग के सामने तपस्या कs रहल बाड़े। ऊ भगवान शिव के ध्यान में आँख बंद कs के भटकल देखल जा तरे। एक्स पs अपलोड भइल वीडियो के बैकग्राउंड में लगातार ओम नमः शिवाय के जयकारा भी चल रहल बा।

उs वीडियो के संगे इs कैप्शन लिखले

उs एह वीडियो के संगे कैप्शन भी लिखले बाड़े। एहमें ऊ लिखले बाड़न कि-

‘अकाल मृत्यु वो मरे जो काम करे चाण्डाल का,
काल भी उसका क्या बिगाड़े
जो भक्त हो महाकाल का!
ना पूछो मुझसे मेरी पहचान मैं तो भस्मधारी हूं
हर हर महादेव।’

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.