Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सामान के संगे राबड़ी आवास पहुंचले तेजप्रताप: आपन सरकारी बंगला छोड़के अचानक 10 सर्कुलर रोड पs भइले शिफ्ट

366
सीवान इन्शुरेंस 720 90

लालू प्रसाद के बड़ बेटा तेजप्रताप यादव तय कइले बाड़े कि ऊ अब 10 सर्कुलर रोड आला आवास में रहिहे। ई पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के आवास हs। तेजप्रताप यादव मंगर के रात में सामान के संगे राबड़ी देवी के आवास चले अइले आ रात में ओहिजा सुतबो कइले। तेजप्रताप के माने के बा कि उनका खिलाफ जवना तरे के साजिश रचल जा रहल बा ऊ राबड़ी देवी के आवास से रचल जा रहल बा।

बता दी कि एही आवास में दावत-ए-इफ्तार के आयोजन कइल गइल रहे आ एही आवास में मारपीट करे के आरोप रामराज नाव के राजद कार्यकर्ता लगवले रहले। एही आवास में तेजप्रताप यादव के छोट भाई आ नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव अपना मेहरारू राजश्री के संगे रहेले। लालू प्रसाद आवेले तs उहों एहिजा ठहरे ले।

कई लोग पs साजिश के लगवले बाड़े आरोप 

तेजप्रताप यादव कई तरफ से आरोपन से घेराइल बाड़े। ऊ तेजस्वी यादव के हरियाणवी रणनीतिकार संजय यादव, राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह, राजद के एमएलसी सुनील कुमार सिंह पs खास तौर से साजिश करे के आरोप लगवले बाड़े। उनकर संगठन छात्र जनशक्ति परिषद मंगर के प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के कहलस कि तेजप्रताप यादव मजदूर दिवस 1 मई के जनशक्ति यात्रा निकलिहे आ जनता दरबार के आयोजनो करिहे।

इहां रहके साजिशन के नाकाम करिहे !

तेजप्रताप यादव के 2 एम स्टैंड रोड आला सरकारी आवास मिलल बा। ऊ ओहि में रहत आइल बाड़े। नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के पोलो रोड में सरकारी आवास मिलल बा। बाकिर तेजस्वी यादव बेसी समे पोलो रोड के जगे राबड़ी देवी के आवास 10 सर्कुलर रोड में अपना मेहरारु के संगे रहत बाड़े। अब एहि आवास में तेजप्रताप यादव अपना विरोधियन के साजिश के नाकाम करे ला आ गइल बाड़े।

Middle Yayawari

जगदानंद सिंह, सुनील सिंह, संजय यादव आदि के मुश्किलें बढ़ सकत बा। रउआ सभे के इयाद होई तारापुर आ कुशेश्वर स्थान में उपचुनाव के समे एहि आवास से बहरी निकलके तेजप्रताप आरोप लगवले रहस कि संजय यादव उनका के भाई तेजस्वी यादव से नइखे मिले देत।

साभार: भास्कर

 

आउर पढ़ी…

 https://khabarbhojpuri.com/tej-pratap-yadav-annouces-resignation-from-rjd/

245750cookie-checkसामान के संगे राबड़ी आवास पहुंचले तेजप्रताप: आपन सरकारी बंगला छोड़के अचानक 10 सर्कुलर रोड पs भइले शिफ्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.