Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार: तेज प्रताप यादव के RJD से इस्तीफा के ऐलान, तेजस्वी आ राबड़ी के तेज प्रताप के ना मनावे के फसीला

238


आरजेडी प्रमुख लालू प्रसाद के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव राजद से इस्तीफा दिहे। सोमार के तेजप्रताप के एह ट्वीट का बाद बिहार में सियासी हलचल बढ़ गइल। तेजप्रताप अपना ट्वीट में लिखले कि हम हमेशा अपना बाबूजी के नक्शा कदम पs चले के कोसिस कइले बानी आ पार्टी के सब कार्यकर्ता लो क सम्मान कइले बानी, बाकिर, अब ऊ जल्दिये अपना बाबूजी से मिलके पार्टी से इस्तीफा दिहे। तेजप्रताप यादव पार्टी से इस्तीफा देवे के फसीला ओह दिने कइले जब सोमार के दुपहरिया में आरजेडी के पटना महानगर अध्यक्ष रामराज यादव तेज प्रताप के ऊपर पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के सरकारी आवास 10, सर्कुलर रोड में बंधक बना के नंगा कs के पीटे केआरोप लगवले।

अतवार के एकरा पहिले ई खबर आइल रहे कि तेजप्रताप पार्टी के टिकट पs विधान परिषद के चुनाव लड़ल अनिल सम्राट पs हाथ उठवले रहस। अनिल सम्राट कावर से तेजप्रताप के उनके अंदाज में जवाब देवे के बात सोझा आइल रहे। एह घटना के बाद तेजप्रताप के ट्वीट बिहार के राजनीतिक सरगर्मी तेज कs देलस।  तेजप्रताप के बयान पs तेजस्वी कठघरा में खड़ा हो गइले।

विरासत पर कब्जे की जंग?

राजनीतिक पंडितन के कहनाम बा कि ई मोटामोटी तौर पs लालू प्रसाद यादव के विरासत पs कब्जा के  लेके चल रहल जंग के नतीजा हs। सूत्रन के कहनाम बा कि तेजप्रताप यादव अपना छोट भाई तेजस्वी के सीएम बनावल चाहत बाड़े। अक्सर ऊ एकर चरचा करत कहेले कि हम अपना छोट भाई तेजस्वी यादव के अर्जुन बनवले बानी आ खुद कृष्ण के तरे सारथी के भूमिका में बानी। तेजस्वी के पार्टी आ परिवार के लोग अर्जुन के भूमिका में देखेला लो। बाकिर, तेजप्रताप कृष्ण के भूमिका में अपना के उपेक्षित महसूस करेले। तेजप्रताप के लोगन के कहनाम बा है तेजप्रताप जब सरकार में अपना भूमिका पs समझौता करत बाड़े तs  संगठन में उनकर मजबूत भूमिका होखे के चाहीं। बाकिर, अइसन ना होखला से ऊ नाराज बाड़े। पार्टी सूत्रन के कहनाम बा कि तेजस्वी यादव पार्टी के अपना तरीका से चलावल चाहत बानी आ तेज प्रताप अपना  तरीका से। बाबूजी के समर्थन के वजह से तेज प्रताप के संगठन पs अधिक पकड़ बा। तेज प्रताप आए दिन पार्टी लाइन से अलग हटके बयानबाजी करत बाड़े, जवना से तेजस्वी यादव के असहज इस्थिति के सामना करे के पड़त बा।

जगदानंद सिंह से झगड़ा में ना मिलल भाई के साथ

जगदानंद सिंह आ तेज प्रताप के विवाद जगजाहिर बा। तेज प्रताप यादव जगदानंद सिंह के खिलाफ लमहर  समे से मोर्चा खोल रखले बाड़े। पार्टी सूत्रन के कहनाम बा कि तेज प्रताप यादव अपना भाई तेजस्वी से एह मुद्दा पs मदद चाहत बाड़े। बाकिर, तेजस्वी कावर से एह मुद्दा पs कवनों समर्थन ना मिलल। तेजस्वी यादव खुद लालू प्रसाद यादव जगदानंद सिंह के संगे मजबूती से खड़ा रहले। एसे तेज प्रताप यादव आहत बाड़े।  तेजप्रताप, पार्टी में सम्मान ना मिलला के बाद बाबूजी के पार्टी से अलग अपना एगो संगठनो बना चुकल बाड़े। अपना करीबियन के संगे तेज प्रताप यादव छात्र जनशक्ति परिषद नाम के संगठन चला रहल बाड़े।  तारापुर में विधान सभा उपचुनाव के दौरान ऊ अपना करीबी संजय कुमार के आपन उम्मीदवार घोषित कs देले रहस।

साभार: प्रभात खबर

245620cookie-checkबिहार: तेज प्रताप यादव के RJD से इस्तीफा के ऐलान, तेजस्वी आ राबड़ी के तेज प्रताप के ना मनावे के फसीला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.