Gorakhpur: DAV PG कॉलेज में स्वामी विवेकानन्द युवा सशक्तिकरण योजना के अन्तर्गत भइल टैबलेट वितरण कार्यक्रम

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2025

आजु शनिचर के डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज, गोरखपुर में उत्तर प्रदेश सरकार के विवेकानन्द युवा सशक्तिकरण योजना के अन्तर्गत टैबलेट वितरण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के प्रारम्भ मॉं सरस्वती वन्दना कु0 श्रेया गुप्ता द्वारा कइल

Share

DAV PG कॉलेज

आजु शनिचर के डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज, गोरखपुर में उत्तर प्रदेश सरकार के विवेकानन्द युवा सशक्तिकरण योजना के अन्तर्गत टैबलेट वितरण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के प्रारम्भ मॉं सरस्वती वन्दना कु0 श्रेया गुप्ता द्वारा कइल गइल। मुख्य अतिथि के स्वागत प्राचार्य द्वारा अंगवस्त्रम आ स्मृति चिन्ह देके कइल गइल।

मुख्य अतिथि अधिष्ठाता, छात्र कल्याण, दी0द0उ0 गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर, प्रो0 अनुभूति दुबे आपन सम्बोधन में युवा लोग में तर्क शक्ति के अभिवृद्धि संचार आ संवाद कौशल आ सुनले के क्षमता के भी कौशल से जोड़त अधिक से अधिक पुस्तक पढ़ले पs बल दिहली। कार्यक्रम के अध्यक्षता करत महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो0 शैल पांडे कहली कि “सरकार के एs महत्वाकांक्षी कार्यक्रम, युवा लोग में कौशल वृद्धि करे आ रोजगार परक शिक्षा के दिशा में एगो महत्वपूर्ण प्रयास हs।”


एह अवसर पs मुख्य अतिथि आ प्राचार्य द्वारा छात्र/छात्रा के टैबलेट वितरण कइल गइल आ टैबलेट प्राप्त करत छात्र/छात्रा के बधाई आ शुभकामना दिहली। अतिथि के धन्यवाद ज्ञापन, मनोविज्ञान विभाग के डॉ0 विनोद गुप्ता कइले । कार्यक्रम के सफल बनावे में नोडल अधिकारी श्री शिवम श्रीवास्तव आ डॉ0 संजय कुमार पाण्डेय, डॉ0 संजय कुमार मिश्रा, डॉ0 राजेश कुमार राय, श्री विमलेश कुशवाहा, डॉ0 रागिनी दीक्षित, सुश्री दृष्टि केशवानी, श्री सर्वेश पाठक आ छात्र/छात्रा लोग उपस्थित रहले.

इहो पढ़ीं: Gorakhpur: हत्या कs के खेत में फेंकलस, गेहूं काटे गइल किसान के पड़ल नजर; इलाका में मचल सनसनी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.