दिल्ली में 20 फरवरी के नया सीएम के शपथ ग्रहण, रामलीला मैदान में होई इs खास समारोह

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2025

मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण समारोह 20 फरवरी के दिल्ली में होई। एह विशेष समारोह के आयोजन रामलीला मैदान में कइल जाई.  सोमार के दिने होखे वाला भाजपा विधायिका दल के बइठक स्थगित कs दिहल गइल बा.

Share

दिल्ली में 20 फरवरी के नया सीएम के शपथ ग्रहण,

मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण समारोह 20 फरवरी के दिल्ली में होई। एह विशेष समारोह के आयोजन रामलीला मैदान में कइल जाई.  सोमार के दिने होखे वाला भाजपा विधायिका दल के बइठक स्थगित कs दिहल गइल बा. अब विधान दल के बइठक 19 फरवरी (बुधवार) के होई। शपथ ग्रहण समारोह बियफ़ें (20 फरवरी) के रामलीला मैदान में होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

रामलीला मैदान संभावित स्थल में से एक

दिल्ली विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के जीत के बाद नयका मंत्रिमंडल के शपथ ग्रहण समारोह रामलीला मैदान में होई। विधानसभा चुनाव के नतीजा 8 फरवरी के घोषणा भईल। पुलिस सूत्र अतवार के दिने बतवले कि रामलीला मैदान ओह संभावित स्थलन में से एगो हs जवना पs विचार कइल जा रहल बा. 

दिल्ली में भाजपा के 48 सीट मिलल

5 फरवरी के दिल्ली में भईल चुनाव में भाजपा के 70 विधानसभा सीट में से 48 सीट मिलल जबकि आम आदमी पार्टी के 22 सीट मिलल। दिल्ली में 27 साल बाद भाजपा के सरकार बने जा रहल बा। एही कारण से शपथ ग्रहण समारोह भी बहुत भव्य होखे वाला बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.