[the_ad_group id="30365"]

Share Market : हरियर निशान पs खुलल शेयर बाजार, सेंसेक्स 774 अंक चढ़ल; निफ्टी 25300 के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार बियफे के दिन जोरदार तेजी के संगे खुलल। वैश्विक स्तर पs भू-राजनीतिक बेयपार तनाव में कमी आइल बा, जवना से निवेशकन के मनोबल मजबूत भइल। एह सकारात्मक माहौल के असर सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक, सर्विस सेक्टर आ ऑटो शेयरन पs साफ नजर आइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स आ निफ्टी करीब 1 प्रतिशत के बढ़त के संगे ट्रेड करत देखल  गइल।

सुरुआती सत्र में 30 शेयर वाला बीएसई सेंसेक्स 774.04 अंक माने 0.94 प्रतिशत चढ़ के 82,683.67 के स्तर पs पहुंच गइल। ओने, 50 शेयर वाला एनएसई निफ्टियो 233.85 अंक माने 0.93 प्रतिशत के तेजी के संगे 25,391.35 के ऊपर निकल गइल। बाजार के एह मजबूती के संगे निवेशकन में उत्साह देखे के मिलल।

बिदेसी मुद्रा बाजार में राहत के संकेत मिलल। रुपिया आपन अब तक के सबसे निचला स्तर से संभरत अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 15 पईसा मजबूत भइल आ 91.50 पs कारोबार करत रहे।

सेंसेक्स के शेयरन के हाल

सेंसेक्स में सामिल 30 कंपनियन में से टाटा स्टील, अदानी पोर्ट्स, एशियन पेंट्स, भारत इलेक्ट्रॉनिक्स लिमिटेड, स्टेट बैंक ऑफ इंडिया, सन फार्मा, कोटक महिंद्रा बैंक, ट्रेंट, महिंद्रा एंड महिंद्रा आ बजाज फिनसर्व जइसन शेयरन में बढ़िया तेजी देखे के मिलल। हालांकि, आईसीआईसीआई बैंक के शेयर में हलुका गिरावट दर्ज भइल।

वैश्विक संकेतन से बाजार के सहारा

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओर से ग्रीनलैंड के लेके दिहल धमकी वापस ले लेला के खबर से वैश्विक बाजारन में राहत आई। दावोस में ट्रंप के बयान आ अमेरिका-यूरोप टैरिफ टकराव टलला के संकेत से निवेशकन के भरोसा बढ़ल।

जियोजित इन्वेस्टमेंट्स के वीके विजयकुमार के मोताबिक, बाजार में शॉर्ट-कवरिंग के मजबूत संभावना बा, जवना से राहत रैली आउर तेज हो सकेला।

एशियाई बाजार आ कच्चा तेल

एशियाई बाजारन में मिलल-जुलल रुख रहल। जापान आ दक्षिण कोरिया के बाजार ऊपर रहे, जबकि चीन आ हांगकांग में गिरावट देखाइल। ओने, ब्रेंट क्रूड 0.14 प्रतिशत बढ़के 65.33 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।

Read Also: UP News : एसआईआर पs बड़ फैसला, सामान्य निवास प्रमाणपत्र ना होई मान्य; जान लीं जरूरी दस्तावेज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]