स्वाद यात्रा ; पूर्वांचल में आर्द्रा नक्षत्र के खाइल जाए वाला खास व्यंजन ,जानी दाल भरल पूड़ी के भोजपुरी में रेसिपी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2024

23 जून को सूर्य मृगशिरा नक्षत्र से निकलके आर्द्रा नक्षत्र में चल गइले । पूर्वांचल यूपी आ बिहार में आर्द्रा के अनोखा तरीका से मनवाल जाला । चढ़ती ,उतरती दुनो आर्द्रा में खास व्यंजन ,खास

Share

23 जून को सूर्य मृगशिरा नक्षत्र से निकलके आर्द्रा नक्षत्र में चल गइले । पूर्वांचल यूपी आ बिहार में आर्द्रा के अनोखा तरीका से मनवाल जाला । चढ़ती ,उतरती दुनो आर्द्रा में खास व्यंजन ,खास थाली सजेला जवना में आम खीर आ सबसे स्पेशल दाल के पूड़ी होला।

तs आई जानल जाओ स्वाद यात्रा के एह सफर में यूपी बिहार के प्रसिद्ध देसी क्यूज़ीन दाल भरल पूड़ी के रेसिपी

 

सामग्री / मेजन 

  • 1 कप आटा
  • 2 बड़ चम्मच तेल मोयन खातिर
  • 1/2 कप चना दाल
  • 1 छोटा चम्मच हल्दी पाउडर
  • 1 छोटा चम्मच साबुत जीरा
  • 1 छोटा चम्मच लाल मिर्च पाउडर
  • 1 छोटा चम्मच जीरा पाउडर
  • 1–1 छोटा चम्मच जवाइन मंगरइल
  • स्वादानुसार नमक

कुकिंग निर्देश

  1. सबसे पहिले चना दाल के साफ कs के बढ़िया से धो लीं। अब एकरा के कुछ पानी, हल्का नमक आ हल्दी डाल के प्रेशर कुक करी। 2 सीटी तक पकाईं। दाल अइसन होखे के चाहीं कि ऊ अधिका पकावल ना होखे आ भराई खातिर आसानी से पीसल जा सके । जदी दाल जादा पक गइल तs ठीक से भरा ना पाई।
  2.  अब आटा में धीरे-धीरे पानी डाल के नरम गूंध लीं अब ढंक के कुछ देर एक तरफ रख दीं। इहाँ पानी से दाल के छान लीं। दाल बढ़िया से सूखला के बाद मिक्सर में पीस लीं। अब रउरा पर निर्भर बा कि रउरा भराई के मोट राखल चाहत बानी कि तनी महीन । परंपरागत रूप से एकरा के सिलोट्टा पर पीसल जाला आ मोट रखल जाला। एह भराई के बहुते महीन ना बनाईं ।
  3.  भराई खातिर मसाला बनावे खातिर नॉन स्टिक पैन में हल्का तेल डाल के गरम करीं। अब जीरा डाल के चटका ली। अब एह मोट चना के पाउडर डाल के हल्का से भूंज लीं। जदी कवनो तरीका से पानी रह गइल होखे तs भुनला के दौरान उहो सूख जाई। अब ओकरा में नमक, मिर्च पाउडर आ जीरा पाउडर डाल के भूंज लीं। बस भराई तइयार हो गइल बा । अब आटा के छोट-छोट गोला बनाईं। स्टफिंग मसाला डाल के चारो ओर से बढ़िया से सील कर लीं। अब एकरा के belna से बेल ली अइसन की पुरी बहुत मोट भा ना बहुत पातर रहे।
  4.  अब कड़ाही में तेल गरम करीं। पारंपरिक रूप से ई पूड़ी तले ला सरसो के तेल के इस्तेमाल होला। जब तेल गरम हो जाए तs दू-तीन पुरी डाल के मध्यम से कम लौ पs छानी। बस अब हमनी के दलपुरी तैयार बा कि खाए खातिर।

परंपरागत रूप से खीर के संगे दलपुरी खाए के रिवाज बा। आर्द्रा में आम आ खीर आ आलू दम के संगे परोसल जाला ।एकरा अलावे एकरा के चटनी, सॉस, आलू के करी, लाल मिर्च भरल अचार भा चाय के संगे भी परोसल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.