[the_ad_group id="30365"]

Disha Salian Death Case : सुशांत सिंह राजपूत के पूर्व मैनेजर दिशा सालियान के मौत के जांच CBI करी, बॉम्बे HC के आदेश

Disha Salian death case CBI investigation ordered by Bombay High Court
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई। दिवंगत अभिनेता सुशांत सिंह राजपूत के पूर्व मैनेजर दिशा सालियान के रहस्यमयी मौत के ममिला एक बेर फेर चरचा में आ गइल बा। अब बॉम्बे हाई कोर्ट एह हाई-प्रोफाइल ममिला के जांच केंद्रीय जांच ब्यूरो माने सीबीआई के सउपे के निरदेस देले बा।

अदालत के ई आदेस दिशा सालियान के पिता सतीश सालियान के ओर से दायर याचिका पs आइल बा। याचिका में पिता अपना बेटी के मौत के हालात पs गंभीर सवाल उठवले रहली।

कोर्ट के आदेस में का कहल गइल?

ममिला के सुनवाई के दौरान न्यायमूर्ति सारंग कोटवाल आ न्यायमूर्ति रंजीतसिंह राजा भोंसले के बेंच कहलस कि सीबीआई एह ममिला में तुरंत FIR दर्ज करी आ मृतका के पिता सतीश सालियान के बयान दर्ज करी।

हाई कोर्ट मुंबई पुलिस के निरदेस देलस कि ममिला से जुड़ल सब कागजात आ दस्तावेज तुरंत सीबीआई के सउपल जावs।

अदालत इहो साफ कइले बा कि जांच के दौरान जब तक कवनो व्यक्ति के खिलाफ पुख्ता सबूत भा सामग्री ना मिल जाला, तब तक ओकरा के आरोपी ना मानल जाई।

सीबीआई अदालत में पेश करी जांच रिपोर्ट

कोर्ट के आदेस में इहो बात महत्वपूर्ण बा कि जदि जांच के दौरान कवनो अपराध के ममिला नइखे बनत, तs सीबीआई संबंधित अदालत में समरी रिपोर्ट दाखिल करी। एह रिपोर्ट के चुनौती देवे के अधिकार दिशा सालियान के पिता सतीश सालियान के रही।

का बा दिशा सालियान के मौत के पूरा ममिला?

गौर करे वाला बात बा कि दिशा सालियान के मौत 8 जून 2020 के मुंबई के मलाड इलाका में एगो रिहायशी इमारत के 14वीं मंजिल से गिरला के बाद भइल रहे। ओह समय मुंबई पुलिस आकस्मिक मौत के ममिला दर्ज कइले रहे। सुरुआती जांच के बाद पुलिस एकरा के आत्महत्या के ममिला मनले रहे।

बाकिर घटना के बादे से दिशा सालियान के मौत पs विवाद उठत रहल बा। पिछिला साल मृतका के पिता सतीश सालियान बॉम्बे हाई कोर्ट में याचिका दायर कइले रहलें। उनकर वकील नीलेश ओझा के माध्यम से अदालत में दावा कइल गइल कि दिशा सालियान के मौत आत्महत्या ना रहे।

पिता लगवले रहलें गंभीर आरोप

सतीश सालियान के वकील के ओर से दावा कइल गइल कि दिशा सालियान के संगे गैंगरेप के बाद हत्या कइल गइल रहे। संगही आरोप लगावल गइल कि प्रभावशाली लोगन के बचावे खातिर राजनीतिक साजिश के तहत सबूत छिपावे के कोसिस भइल।

दिशा के पिता अपना याचिका में शिवसेना (UBT) नेता आदित्य ठाकरे के खिलाफ एफआईआर दर्ज करे के मांग कइले रहलें।

अब बॉम्बे हाई कोर्ट के निरदेस के बाद एह ममिला के जांच CBI करी। जांच में सामने आवे वाला तथ्यन के आधार पs आगे के कार्रवाई तय होई।

Read Also : Glacier Lakes : ग्लेशियर पिघले से बनल 9 झील खतरनाक, नेपाल जइसन मचा सकेला बड़ तबाही, IIT के स्टडी में बड़ खुलासा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]