अयोध्या श्रीराम अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट 25 दिसंबर के होइ शुरू, पीएम मोदी करिहें उद्घाटन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 13, 2023

पीएम मोदी पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जन्मदिन 25 दिसंबर के अयोध्या में श्री राम अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के उद्घाटन करीहे। जनवरी 2024 में प्रस्तावित श्री राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम से पहिले

Share

पीएम मोदी पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जन्मदिन 25 दिसंबर के अयोध्या में श्री राम अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के उद्घाटन करीहे। जनवरी 2024 में प्रस्तावित श्री राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम से पहिले अयोध्या में हवाई यातायात सेवा शुरू हो जाई। दरअसल, केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया, केंद्रीय मंत्री वीके सिंह अवुरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ काल्ह अयोध्या हवाई अड्डा के निर्माण के निरीक्षण कईले रहले। श्री राम अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के निर्माण के काम 15 दिसंबर तक पूरा करे के कहल गईल।

एयरपोर्ट पs तेजी से काम चल रहल बा। पहिला चरण के सभ काम दिसंबर 2023 तक पूरा हो जाई अवुरी विमान के संचालन शुरू कs दिहल जाई। हवाई अड्डा के सगरी काम तीन चरण में होखे वाला बा। एकरा खातीर परियोजना में शामिल कुल 821 एकड़ जमीन के अधिग्रहण कs के हवाई अड्डा प्राधिकरण के सौंपल गईल बा। हवाई अड्डा के पहिला चरण में 2200 मीटर लंबा अवुरी 45 मीटर चौड़ा रनवे के काम शत-प्रतिशत पूरा हो चुकल बा। भविष्य में रनवे के 3750 मीटर तक बढ़ावे के योजना बा। एकरा खातिर भी जमीन के अधिग्रहण कईल गईल बा।

नाइट लैंडिंग आ कोहरा आ धुंध में उतरे खातिर कैट-वन आ रेसा के काम भी शत-प्रतिशत पूरा हो चुकल बा। विमान के लैंडिंग खातिर लगावल लाइटिंग के काम भी पूरा हो गईल बा। एटीसी टावर के काम भी हो चुकल बा। एयरपोर्ट खातिर फायर ब्रिगेड के गाड़ी भी पहुंचल बा। संचालन खातिर लाइसेंस देवे के प्रक्रिया चल रहल बा, एक बेर पूरा होखला के बाद एयरपोर्ट के संचालन ए कैलेंडर साल में शुरू हो जाई। हवाई अड्डा के संचालन शुरू होखला के संगे अयोध्या धाम के हवाई अड्डा पs एयरबस ए320 जईसन विमान के उतरे के सुविधा उपलब्ध हो जाई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.