[the_ad_group id="30365"]

Share Market : शेयर बाजार में फेर लवटल रौनक, शांति के उम्मेद आ सस्ता क्रूड से सेंसेक्स 850 अंक उछलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। भारतीय शेयर बाजार के निवेशकन खातिर सुक के दिन सानदार रहे। पिछिला दिनन के सुस्ती के बाद आज दलाल स्ट्रीट पs जबरदस्त खरीदारी देखे के मिलल। दुनियाभर के बाजार से मिलत सकारात्मक संकेत, अमेरिका आ ईरान के बीच शांति समझौता के उम्मेद आ कच्चा तेल के गिरत दाम से बाजार के माहौल पूरा तरे बदल गइल।

एह सकारात्मक संकेत के चलते निवेशकन के भरोसा बढ़ल आ बाजार के प्रमुख सूचकांक दिन के सुरुआते में बड़ बढ़त दर्ज करे में सफल रहल।

सेंसेक्स में 870 अंक से जादे के तेजी

बाजार खुलला के संगही चारो ओर खरीदारी के माहौल बन गइल। सबेरे करीब 9:36 बजे बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) के प्रमुख सूचकांक सेंसेक्स 870.98 अंक माने 1.17 फीसदी के तेजी के संगे 74,703.53 के स्तर पs पहुंच गइल।

ओही समय नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) के निफ्टियो मजबूती देखावत 23,400 के अहम स्तर के करीब पहुंच गइल। निफ्टी 23,396.25 के स्तर पs कारोबार करत नजर आइल।

दूनो प्रमुख सूचकांक में एक फीसदी से जादे के उछाल निवेशकन के बढ़त भरोसा आ जोखिम लेवे के तइयारी के संकेत दे रहल बा।

रियल्टी, ऑटो आ फाइनेंशियल सेक्टर में जोरदार खरीदारी

आज बाजार के तेजी कवनो एगो सेक्टर तक सीमित ना रहे। लगभग हर प्रमुख सेक्टर में खरीदारी देखे के मिलल। रियल्टी सेक्टर बाजार के बढ़त के नेतृत्व कइलस। एकरा अलावे ऑटो, मीडिया आ फाइनेंशियल सर्विसेज सेक्टर में सानदार प्रदर्शन देखल गइल।

बैंकिंग शेयर बाजार के मजबूती देवे में अहम भूमिका निभवलें। ओहिजा एफएमसीजी, फार्मा आ हेल्थकेयर जइसन डिफेंसिव सेक्टर में बढ़त दर्ज भइल। हालांकि बाजार के एह तेजी के बीच आईटी सेक्टर के प्रदर्शन कमजोर रहल आ टेक शेयर में खाली मामूली बढ़त देखे के मिलल।

दुनियाभर के बाजार से मिलल सकारात्मक संकेत

भारतीय शेयर बाजार के तेजी के पीछे वैश्विक बाजार के मजबूत संकेत एगो बड़ कारण रहल। एशियाई बाजार में जापान के टॉपिक्स इंडेक्स करीब 1.4 फीसदी आ ऑस्ट्रेलिया के S&P/ASX 200 में करीब 1.5 फीसदी के तेजी दरज भइल।

ओही तरे हांगकांग के हैंग सेंग फ्यूचर्स में बढ़त देखल गइल। अमेरिकी एसएंडपी 500 फ्यूचर्स आ यूरोपीय बाजार के यूरो स्टॉक्स 50 फ्यूचर्स में तेजी रहल।

अमेरिका-ईरान शांति उम्मेद से निवेशक खुश

भू-राजनीतिक तनाव कम होखे के उम्मेद आ कच्चा तेल के कीमत में नरमी से दुनियाभर के निवेशकन के चिंता कम भइल बा। भारतीय बाजार में आज हर सेक्टर में हरियाली देखाई दे रहल बा। बाजार विशेषज्ञन के माने के बा कि अगर वैश्विक हालात इस्थिर रहल तs शेयर बाजार में ई सकारात्मक रुख आगहूं जारी रह सकेला।

Read Also: TMC Crisis : यूसुफ पठान, सायोनी घोष आ शताब्दी रॉय… सामने आइल TMC के 19 बागी सांसदन के लिस्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]