बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार खातिर 16 जुलाई के कारोबारी दिन काफी उतार-चढ़ाव वाला रहल। सबेरे बाजार मजबूत सुरुआत कइलस, बाकिर दिनभर खरीददार आ बिकवाली के बीच जोरदार खींचतान चलल। आखिर में सेंसेक्स आ निफ्टी बिना खास बदलाव के लगभग सपाट स्तर पर बंद भइल। एह दौरान IT सेक्टर आ कंज्यूमर ड्यूरेबल्स शेयर बाजार के गिरावट से बचावे में सबसे अहम भूमिका निभवलस।
सपाट बंद भइल सेंसेक्स आ निफ्टी
कारोबार खतम होखला पs BSE सेंसेक्स महज 1.44 अंक के मामूली बढ़त के संगे 77,186.87 अंक पs बंद भइल। ओही समय NSE निफ्टी 5.75 अंक (0.02%) गिरके 24,072.75 अंक पs बंद भइल। आज के कारोबार में बाजार में मिलल-जुलल रुझान देखे के मिलल। कुल 1,947 शेयर बढ़त के संगे बंद भइल, जबकि 2,119 शेयर गिरावट में रहल। ओहिजा, 194 शेयर में कवनो बदलाव ना देखल गइल।
IT आ कंज्यूमर सेक्टर बाजार के संभरलस
आज बाजार के सबसे मजबूत सहारा IT सेक्टर बनल। इंटरग्लोब एविएशन (IndiGo) के शेयर 1.8% चढ़के निफ्टी के टॉप गेनर रहल।
एकरा अलावे:
- विप्रो (Wipro) – 1.7% तेजी
- बजाज फाइनेंस (Bajaj Finance) – 1.6% बढ़त
- HCL Technologies – 1.6% उछाल
- मारुति सुजुकी (Maruti Suzuki) – 1.4% मजबूत बढ़त
सेक्टोरल इंडेक्स में निफ्टी कंज्यूमर ड्यूरेबल्स सबसे बढ़िया प्रदर्शन करत 1.5% चढ़ल। जबकि निफ्टी मीडिया, निफ्टी IT, निफ्टी ऑटो आ निफ्टी FMCG हरियाली में बंद भइल।
बैंकिंग आ रियल्टी शेयरन पs बिकवाली के दबाव
दूसरका ओर, बैंकिंग आ रियल्टी सेक्टर में बिकवाली हावी रहल। निफ्टी रियल्टी सबसे कमजोर सेक्टर साबित भइल, जवन करीब 1% टूटल।
एह अलावा:
- निफ्टी PSU बैंक – 0.5% गिरावट
- निफ्टी मेटल – 0.3% कमजोरी
- निफ्टी प्राइवेट बैंक – 0.3% गिरावट
- निफ्टी बैंक – 0.3% नीचे बंद भइल
निवेशकन के नजर अगिला कारोबारी दिन पs
बाजार विशेषज्ञन के माने के बा कि वैश्विक संकेत, बिदेसी निवेशकन के गतिविधि, कंपनियन के तिमाही नतीजा आ आर्थिक आंकड़ा अगिला कारोबारी दिन बाजार के दिशा तय करी। आज के कारोबार में भले सेंसेक्स आ निफ्टी सपाट बंद भइल, बाकिर IT सेक्टर के मजबूती निवेशकन के भरोसा बनवले रखलस। अब बाजार के नजर अगिला सत्र में नया ट्रिगर पs टिकल बा।









