Stock Market: शेयर बाजार कइलस सपाट सुरुआत, सेंसेक्स आ निफ्टी में मामूली बढ़त

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2025

लगातार गिरावट के मार झेल रहल निवेशकन खातिर मंगर के सबेरे मंगल खबर लेके आइल बा। बता दीं कि सुरुआती कारोबार में घरेलू शेयर बाजार हरियर निशान पs खुलल बा। जेमे सेंसेक्स 117.57 अंक बढ़के

Share

Sensex : सेंसेक्स

लगातार गिरावट के मार झेल रहल निवेशकन खातिर मंगर के सबेरे मंगल खबर लेके आइल बा। बता दीं कि सुरुआती कारोबार में घरेलू शेयर बाजार हरियर निशान पs खुलल बा। जेमे सेंसेक्स 117.57 अंक बढ़के 74,571.98 पs पहुंचल, ओहिजा, एनएसई निफ्टी 31.3 अंक के उछाल के संगे 22,584.65 पs रहल।

मंगर के 16 पइसा टूटके 86.88 पs पहुंचल रुपिया

ओहिजा, अमेरिकी डॉलर में मजबूती, बिदेसी पूंजी के निरंतर निकासी आ कच्चा तेल के कीमतन में बढ़न्ती के बीच रुपिया मंगर के सुरुआती कारोबार में 16 पइसा टूटके 86.88 प्रति डॉलर पs आ गइल। बिदेसी मुद्रा कारोबारियन के अनुसार, घरेलू बाजारन में तेजी हालांकि रुपिया के गिरावट के सीमित रखलस। अंतरबैंक बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में रुपिया 86.83 प्रति डॉलर पs खुलल आ बाद में 86.88 प्रति डॉलर पs पहुंच गइल जवन पिछला बंद भाव से 16 पईसा के गिरावट दरसावत बा।

एकरा पहिले सोमार के रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 86.72 पs बंद भइल रहे। एह बीच, छव प्रमुख मुद्रा के मुकाबले अमेरिकी डॉलर के इस्थिति के दरसावे वाला डॉलर सूचकांक 0.03 प्रतिशत के बढ़त के संगे 106.62 पs रहल। अंतरराष्ट्रीय मानक ब्रेंट क्रूड 0.51 प्रतिशत के बढ़त के संगे 75.16 डॉलर प्रति बैरल के भाव पs रहल। शेयर बाजार के आंकड़न के मोताबिक, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) सोमवार के बिकवाल रहल रहे आ ऊ सुद्ध रूप से 6,286.70 करोड़ रुपिया के शेयर बेचलस।

का बा विशेषज्ञन के राय?

बाजार विशेषज्ञ अजय बग्गा कहलें, जदि ट्रंप के तरफ से टैरिफ लागू भइल, तs बाजार में आउर गिरावट आ सकत बा। एकरा से महंगाई आ जादे बढ़ी, जवना से निवेशक सोना आ बॉन्ड्स में पईसा लगावे लागी।’ एक्सिस सिक्योरिटीज के रिसर्च हेड अक्षय चिंचालकर के अनुसार, ‘जदि निफ्टी 22,720 के स्तर से ऊपर बंद होत बा, तs बाजार में मजबूती आ सकत बा। बाकिर जदि 22,500 से नीचे जाला, तs अगिला समर्थन 22,370 पs रही।’ आवे वाला दिनन में अमेरिका के बेयपार नीतियन आ यूरोप के राजनीतिक घटनाक्रमन पs निवेशकन के नजर बनल रही।

Read Also: Donald Trump: डोनाल्ड ट्रंप बोललें- कनाडा आ मैक्सिको पs तय समय पs लागी टैरिफ, अप्रिल से लागू होई नया आयात कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.