Donald Trump: डोनाल्ड ट्रंप बोललें- कनाडा आ मैक्सिको पs तय समय पs लागी टैरिफ, अप्रिल से लागू होई नया आयात कर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2025

अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप सोमार के कहलें कि उनकर सरकार कनाडा आ मैक्सिको से आयात होखे वाला सामानन पs टैरिफ (आयात कर) लगावे जा रहल बिया। ई टैरिफ मार्च से लागू होई, जवना से

Share

डोनाल्ड ट्रंप - फोटो : पीटीआई

अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप सोमार के कहलें कि उनकर सरकार कनाडा आ मैक्सिको से आयात होखे वाला सामानन पs टैरिफ (आयात कर) लगावे जा रहल बिया। ई टैरिफ मार्च से लागू होई, जवना से महंगाई आ आर्थिक मंदी के खतरा बढ़ सकत बा। व्हाइट हाउस में फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों के संगे एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में ट्रंप कहलें, ‘हमनी के टैरिफ के तय समय पs लागू कs रहल बानी आ ई तेजी से आगे बढ़ रहल बा।’ ऊ इहो स्पष्ट कइलें कि आवे वाला महीनन में आ जादे टैरिफ लगावल जा सकत बा।

ट्रंप काहे लगा रहल बाड़ें टैरिफ?

डोनाल्ड ट्रंप के कहनाम रहे कि आउर देस अमेरिका से आयात होखे वाला सामानन पs जादे टैक्स लगावेला, जवना से अमेरिकी उद्योगन आ नौकरियन के नुकसान होला। ऊ दावा कइलें कि एह टैरिफ से अमेरिकी अर्थबेवस्था के फायदा होई आ सरकार के जादे राजस्व मिली।

केकरा पs केतना टैक्स लागी?

कनाडा से आयात – जादेतर सामानन पs 25% टैरिफ, बाकिर तेल आ बिजली जइसन उर्जा उत्पादन पs 10% टैक्स लागी।
मैक्सिको से आयात – सब उत्पादन पs 25% आयात शुल्क लगावल जाई।
स्टील आ एल्युमिनियम – पहिलही से 25% टैरिफ लागू बा, जवना के आगहू जारी रखल जाई।

महंगाई आ बेयपार युद्ध के आशंका

अर्थशास्त्रियन के कहनाम बा कि एह टैक्सन के बोझ अमेरिकी उपभोक्तन, खुदरा बेयपारियन आ निर्माता पs पड़ी। एकरा से महंगाई बढ़ सकत बा आ आर्थिक मंदी के खतरा हो सकत बा। जबकि कुछ बड़ कंपनियन, जइसे वॉल-मार्ट, पहिलही चेतावनी देले बा कि टैरिफ के कारण बेयपार पs अनिश्चितता बढ़ रहल बा। उपभोक्तन के चिंता के कारण यूनिवर्सिटी ऑफ मिशिगन के उपभोक्ता विश्वास सूचकांक पिछला महीना 10% गिर गइल बा।

ट्रंप के टैरिफ पs आउर देसन के प्रतिक्रिया

कनाडा आ मैक्सिको के संगे-संगे यूरोपीय देस चेतावनी देले बा कि जदि अमेरिका ई डेग उठावत बा, तs ऊ अमेरिकी उत्पादन पs जवाबी टैरिफ लगा सकत बा। येल यूनिवर्सिटी बजट लैब के एगो रिपोर्ट के अनुसार, एह टैरिफन के कारण अमेरिकी नागरिकन के औसत वार्षिक आय $1,170 से $1,245 तक कम हो सकत बा।

अमेरिका से बातचीत जारी रखीं- मैक्रों

यूरोपीय देसन के चेतावनी के बाद अब ई देखे के होई कि ट्रंप एह टैरिफन के सच में लागू करत बानी भा ई खाली आउर देसन पs दबाव बनावे खातिर इस्तेमाल कs रहल बानी। एने एह ममिला में फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों कहलें कि ऊ अमेरिका के संगे निष्पक्ष बेयपार आ निवेश बढ़ावे खातिर बातचीत जारी रखीं। जदि ई टैरिफ लागू होला, तs एकरा से अमेरिका, कनाडा आ मैक्सिको के बीच बेयपारिक संबंधन में तनाव बढ़ सकत बा आ महंगाई आउर मंदी के खतरा बढ़ सकत बा।

Read Also: Mahakumbh : महाशिवरात्रि के मद्देनजर आज से मेला क्षेत्र नो व्हीकल जोन, परब के समापन तक लागू रही बेवस्था

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.