बिजनेस डेस्क। पश्चिम एशिया के संकट आ होर्मुज के आसपास बनल अनिश्चितता के चलते भारतीय शेयर बाजार में फेर से भारी बिकवाली देखे के मिलल। कच्चा तेल के दाम में तेज बढ़न्ती के बाद बियफे के दिन घरेलू बेंचमार्क सूचकांक नीचे गिर गइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 959.22 (-1.23%) अंक टूटके 76,537.14 के स्तर पs आ गइल। दूसरका ओर, एनएसई निफ्टी 285.66 (-1.18%) अंक गिरके 23,892.00 पs पहुंच गइल।
सुरुआती कारोबार में रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबला में अब तक के सबसे निचला स्तर 95.07 पs पहुंच गइल। बियफे के कारोबार के दौरान बाजार के उतार-चढ़ाव नापे वाला इंडिया वोलैटिलिटी इंडेक्स (इंडिया वीआईएक्स) 4.90 अंक चढ़ के 18.29 पs पहुंच गइल।
एक्सचेंज के आंकड़ा के हिसाब से, बिदेसी निवेशक बुध के दिन बाजार से 2,468.42 करोड़ रुपिया के इक्विटी निकाल लिहल लोग। जानकारन के माने के बा कि बिदेसी पोर्टफोलियो निवेशक (एफपीआई) लगातार भारतीय इक्विटी आ डेट में बिकवाली करत बा लोग, जवना के प्रतिफल बुध के दिन करीब सात प्रतिशत तक पहुंच गइल रहे आ ऊ लोग लगातार डॉलर किने में जुटल बा।








