Bihar News : बिहार में रिटायर्ड अधिकारी के बेटा के पोल से बान्ह के पिटाई, बकरी चोरी के शक में भीड़ के तालिबानी सजा 

Share

मुजफ्फरपुर। अहियापुर थाना इलाका के पुरानी मोतिहारी रोड पs पटेल स्वीट के सामने बकरी चोरी के आरोप में एगो जुवक के स्थानीय लोग पकड़ के बंधक बना लेलस आ लोहा के पोल से बान्ह के जमके पिटाई कइलस।

बतावल जा रहल बा कि इलाका में पिछिला दू दिन से लगातार बकरी चोरी के घटना होत रहे, जवन से गांव के लोगन में गुस्सा आ तनाव के माहौल बन गइल रहे।

भीड़ देलस तालिबानी सजा

आज फेर कुछ लोग कथित तौर पs बकरी चोरी कs के भागे के कोसिस करत रहे, तब स्थानीय लोगन के नजर पड़ गइल। एह दौरान लोग एगो जुवक के पकड़ लेलस, जबकि ओकर बाकी साथी मवका देख के भाग निकलल लोग।

पकड़ाल जुवक के भीड़ गुस्सा में आके लोहा के पोल से बान्ह देलस आ ओकर पिटाई सुरू कs देलस। घटना के सूचना मिलतही पुलिस के 112 टीम आ अहियापुर थाना पुलिस तुरंत मवका पs पहुंच गइल।

पुलिस बहुते मेहनत के बाद भीड़ के शांत करवलस आ जुवक के ओकरा चंगुल से छुड़वलस। ओकरा बाद घायल हालत में जुवक के इलाज खातिर मुजफ्फरपुर मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भरती करावल गइल बा, जहां ओकर इलाज जारी बा।

रिटायर्ड अधिकारी के बेटा हs आरोपी

पुलिस सूत्रन के मोताबिक, पकड़ल गइल जुवक के पहचान ब्रह्मपुरा थाना इलाका के लक्ष्मी चौक निवासी एगो रिटायर्ड कृषि अधिकारी के बेटा के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि जुवक नशा के आदी बा आ स्मैक लेत रहे।

पुलिस एहू बात के जांच करत बिया कि ई ममिला खाली बकरी चोरी तक सीमित बा कि एकरा पीछे कवनो बड़ गिरोह काम करत बा। संगही भागल बाकी आरोपियन के तलाश जारी बा।

घटना के बाद इलाका में तनाव के माहौल बन गइल बा, हालांकि पुलिस के मवजूदगी से हालात काबू में बा। फिलहाल पुलिस पूरा ममिला के गहराई से जांच करत बिया आ जल्दिये आउर खुलासा होखे के उम्मेद जतावल जा रहल बा।

Read Also: Ganga Expressway : गंगा एक्सप्रेसवे के लोकार्पण में पीएम मोदी सपा पs सधलें निशाना, प्रधानमंत्री के भाषण के बड़ बात

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-