Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SRH vs RR Qualifier-2 Pitch Report: चेपॉक में बरसी रन भा लागी विकटन के झड़ी, जानीं एमए चिदंबरम स्टेडियम के पिच रिपोर्ट

1,004

एलिमिनेटर मोकाबला में जीत दर्ज कऽ के जीत के ट्रैक पs लउटल राजस्थान फाइनल में जगे बनावे खातिर आपन सबकुछ झोंकत देखी। सनराइजर्स के बात करीं तऽ उऽ अपना आक्रामक खेल के साथे आईपीएल 2024 में सनसनीखेज शुरुआत कइलस। दुनु टीमन खातिर ई सीजन उतार-चढ़ाव भरल रहल बा । क्वालीफायर-2 से तय होई कि केकेआर से फाइनल के खेली।

चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम में शुक के आईपीएल 2024 के क्वालीफायर-2 खातिर मंच तैयार बा। टूर्नामेंट में सनराइजर्स हैदराबाद आ राजस्थान रॉयल्स के रास्ता अलग-अलग रहल बा, बाकिर आखिर में ई तय करे खातिर मिलीहें कि फाइनल में कोलकाता नाइट राइडर्स के खिलाफ के खेली।

दुनु टीम खातिर ई सीजन उतार-चढ़ाव भरल रहल बा। सनराइजर्स के बात कइल जाव तऽ उऽ अपना आक्रामक खेल के साथे आईपीएल 2024 में सनसनीखेज शुरुआत कइलस। हालांकि, कुछ दिन पहिले क्वालीफायर-1 में नाइट राइडर्स के खिलाफ भिड़ंत के बाद टीम के बल्लेबाजी पs असर पड़ल। बहरहाल, चार लगातार मैच हार के वापसी करे वाली राजस्थान टीम के खिलाफ जीत हासिल करे खातिर उत्सुक होइहें।

राजस्थान एलिमिनेटर में दिखवलस दम

एलिमिनेटर मोकाबला में जीत दर्ज कऽ के जीत के ट्रैक पs लौटल राजस्थान फाइनल में जगह बनावे खातिर आपन सबकुछ झोंकत लउकल। जायसवाल के बल्ला से कुछ मैच में रन ना निकलत रहे। आरसीबी के खिलाफ उनकर बल्ला से कुछ अच्छा शॉट निकलल। रियान पराग जिम्मेदारी भरल पारी खेलले। संजू सैमसन के टीम एक बार फेर लाजवाब प्रदर्शन कइल चाहीं।

SRH vs RR Qualifire-2 पिच रिपोर्ट

चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम के पिच के बात कइल जाव तऽ इहाँ के पिच स्पिन फ्रैंडली बिया। वइसे अब आईपीएल के समापन होखे वाला बा आ बहुत सारा मैच इहाँ खेलल जा चुकल बा। अइसे में पिच के धीमा होखल लाजिमी बा, बाकिर अइसन नइखे कि रन ना बनीं। इहवाँ पहिलका पारी के औसत स्कोर 164 रन बा, ओहिजा दूसरका पारी के औसत स्कोर 151 रन बा। इहवाँ 180 रन के टोटल विनिंग स्कोर हो सकऽता।

840090cookie-checkSRH vs RR Qualifier-2 Pitch Report: चेपॉक में बरसी रन भा लागी विकटन के झड़ी, जानीं एमए चिदंबरम स्टेडियम के पिच रिपोर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.