SpaDex: इतिहास रचे के करीब इसरो; ‘हैंडशेक’ खातिर तीन मीटर के करीब आइल दुनो उपग्रह, अब डॉकिंग खातिर तइयार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 12, 2025

इसरो के स्पेस डॉकिंग एक्सपेरीमेंट (स्पैडेक्स) खातिर अंतरिक्ष में भेजल गइल दुगो उपग्रह अतवार के तीन मीटर तक करीब ले आवल गइल। इसरो बतवलस कि एसडीएक्स 01 (चेजर) आ एसडीएक्स02 (टारगेट) उपग्रह अच्छा इस्थिति में

Share

15 मीटर की दूरी पर दोनों उपग्रह - फोटो : X/@इसरो

इसरो के स्पेस डॉकिंग एक्सपेरीमेंट (स्पैडेक्स) खातिर अंतरिक्ष में भेजल गइल दुगो उपग्रह अतवार के तीन मीटर तक करीब ले आवल गइल। इसरो बतवलस कि एसडीएक्स 01 (चेजर) आ एसडीएक्स02 (टारगेट) उपग्रह अच्छा इस्थिति में बा आ डॉकिंग खातिर करीब ले आवल गइल। स्पैडेक्स उपग्रह एक-दूसरा के सानदार तस्वीर आ वीडियो रिकॉर्ड कइलस। इसरो कहलस कि दुनो उपग्रहन के पहिले 15 मीटर आ फेर तीन मीटर तक पहुंचे के परीक्षण प्रयास कइल गइल। अंतरिक्षयानन के सुरक्षित दूरी पs वापस ले जाइल जा रहल बा। डेटा के आगे विश्लेषण कइला के बाद डॉकिंग प्रक्रिया पूरा कइल जाई।

एकरा पहिले इसरो एक्स पs पोस्ट में लिखलस, ’15 मीटर के दूरी पs, हमनी के एक-दूसरा के स्पष्ट रूप से देख सकत बानी। हमनी के अब डॉकिंग खातिर खाली 50 फीट के दूरी पs बाड़ी।’ एह मिशन के उद्देश्य छोट अंतरिक्ष यान के उपयोग कs के अंतरिक्ष में डॉकिंग के प्रदर्शन करे के बा। स्पेस डॉकिंग एक्सपेरीमेंट (स्पेडेक्स) सात जनवरी आ नव जनवरी के डॉकिंग प्रयोगन खातिर घोषित दुगो कार्यक्रमन से चूक चुकल बा।

उड़ान के 15 मिनट बाद कक्षा में प्रक्षेपित कइल गइल दुगो छोट अंतरिक्ष यान

इसरो 30 दिसंबर के स्पेस डॉकिंग एक्सपेरीमेंट (स्पैडेक्स) मिशन के सफलतापूर्वक लॉन्च कइले रहे। पीएसएलवी सी60 रॉकेट दुगो छोट उपग्रहन, एसडीएक्स01 (चेजर) आ एसडीएक्स02 (टारगेट) आउर 24 पेलोड के लेके श्रीहरिकोटा इस्थित सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र के पहिला लॉन्चपैड से उड़ान भरले रहे। उड़ान के लगभग 15 मिनट बाद, लगभग 220 किलोग्राम वजन वाला दुगो छोट अंतरिक्ष यान के 475 किलोमीटर के वृत्ताकार कक्षा में प्रक्षेपित कs दिहल गइल रहे।

सफल डॉकिंग के बाद चउथा देस बन जाई भारत

स्पैडेक्स के सफल प्रदर्शन से भारत ओह जटिल प्रौद्योगिकियन में महारत हासिल करे वाला चउथा देस बन जाई, जवन एकर भावी मिशनन, जइसे भारतीय अंतरिक्ष स्टेशन आ चंद्रमा पs अंतरिक्ष यात्री के उतारे खातिर महत्वपूर्ण बा। अंतरिक्ष में डॉकिंग एगो जटिल प्रक्रिया बा, जेमे अब तक खाली तीन आउर देस- अमेरिका, रूस आ चीन महारत हासिल कs सकल बा।

Read Also: 12 जनवरी 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.