Sourav Ganguly Car Accident: हादसा के शिकार भइल सौरव गांगुली के कार, सामने आइल अपडेट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2025

सौरव गांगुली कार दुर्घटना : भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सौरव गांगुली बियफ़ें के रात दुर्गापुर एक्सप्रेसवे पs भईल कार दुर्घटना के शिकार हो गईले। सूत्र के मुताबिक उs बर्धमान में एगो कार्यक्रम में

Share

सौरव गांगुली कार दुर्घटना

सौरव गांगुली कार दुर्घटना : भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सौरव गांगुली बियफ़ें के रात दुर्गापुर एक्सप्रेसवे पs भईल कार दुर्घटना के शिकार हो गईले। सूत्र के मुताबिक उs बर्धमान में एगो कार्यक्रम में शामिल होखे जात रहले कि तेज रफ्तार से आवत एगो लॉरी उनुका गाड़ी के टक्कर मार देलस। 
दुर्घटना के खबर सुनला के बाद सौरव गांगुली के प्रशंसक में चिंता के लहर मच गईल। आज ले के खबर के मुताबिक एs दुर्घटना में सौरव सुरक्षित बाड़े। इs हादसा तब भईल जब सौरव अपना गाड़ी के काफिला के संगे एs आयोजन में जात रहले। अचानक तेज रफ्तार से आवत लॉरी उनुका गाड़ी से टकरा गईल, जवना के चलते ड्राइवर तुरंत ब्रेक लगा देलस, बाकिर काफिला में मौजूद बाकी गाड़ी एक दूसरा से टकरा गईल।  नीमन बात ई बा कि एह हादसा में केहू के कवनो नुकसान ना भइल, हालांकि गाड़ी के नुकसान जरूर भइल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.