Sonbhadra Road Accident : सोनभद्र में भीषण सड़क हादसा, बरात से लवटत तीन लोगन के मौत, पांच घायल

Share

सोनभद्र। वाराणसी-शक्तिनगर हाईवे पs सनिचर के भोर में एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल। रॉबर्ट्सगंज कोतवाली क्षेत्र के लोढ़ी इलाका में जायलो गाड़ी पलट गइला से तीन लोगन के मवके पs मौत हो गइल, जबकि पांच लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। सब लोग बरात से लवटत रहे।

जायलो अनियंत्रित होके पलटल

जानकारी के मोताबिक, यूपी 64 एल 0055 नंबर के जायलो गाड़ी से सवार लोग ग्राम खलियारी बैनी रायपुर से बरात में सामिल होके ग्राम कन्होरा (थाना चोपन) लवटत रहे। सनिचर के भोर में करीब 3:30 बजे लोढ़ी में एआरटीओ दफ्तर के लगे गाड़ी अनियंत्रित हो गइल आ पलट गइल।

तीन लोगन के मवके पs मौत

एह हादसा में दिलीप पासवान (22), नीतीश यादव (27) आ जितेंद्र साहनी (18) के मौके पs जान चल गइल। ओहिजा, मुकेश (17), इंद्रेश (14), पंकज (18), छोटेलाल साहनी (32) आ सुग्रीव (27) घायल हो गइल लोग।

घटना के सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंच गइल आ घायलन के तुरंत अस्पताल पहुंचवलस। गंभीर रूप से घायल चालक छोटेलाल साहनी के बेहतर इलाज खातिर ट्रामा सेंटर रेफर कइल गइल बा।

पुलिस गाड़ी के सड़क किनारे हटाके यातायात बहाल करववलस। एह दर्दनाक घटना के बाद इलाका में शोक के माहौल बा। रॉबर्ट्सगंज कोतवाल रामस्वरूप वर्मा के मोताबिक, हालात नियंत्रण में बा आ कानून-बेवस्था पूरा तरे सामान्य बा।

Read Also: Mau Accident : मऊ में दर्दनाक सड़क हादसा, पांच लोगन के मौत, बेटी के बियाह से लवटत परिवार पs टूटल कहर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-