Sonam Wangchuck: HC में सोनम वांगचुक के याचिका पऽ सुनवाई आज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

हाईकोर्ट बुध के दिने जलवायु कार्यकर्ता सोनम वांगचुक आ अउरी लोग के याचिका पऽ सुनवाई करी जवना में जंतर मंतर भा राष्ट्रीय राजधानी के कवनो दोसरा उपयुक्त जगहा पऽ विरोध प्रदर्शन करे के अनुमति माँगल

Share

हाईकोर्ट बुध के दिने जलवायु कार्यकर्ता सोनम वांगचुक आ अउरी लोग के याचिका पऽ सुनवाई करी जवना में जंतर मंतर भा राष्ट्रीय राजधानी के कवनो दोसरा उपयुक्त जगहा पऽ विरोध प्रदर्शन करे के अनुमति माँगल गइल बा।

हाईकोर्ट बुध के दिने जलवायु कार्यकर्ता सोनम वांगचुक आ अउरी लोग के याचिका पर सुनवाई करी जवना में जंतर मंतर भा राष्ट्रीय राजधानी के कवनो दोसरा उपयुक्त जगहा पर विरोध प्रदर्शन करे के अनुमति माँगल गइल बा। मुख्य न्यायाधीश मनमोहन आ न्यायमूर्ति तुषार राव गेडेला के पीठ के सोझा दायर एह याचिका में तत्काल सुनवाई के मांग कइल गइल रहे, बाकिर पीठ एकरा के बुध खातिर सूचीबद्ध कऽ देलस।

सोनम वांगचुक जंतर मंतर में अनशन करे के अनुमति मंगले रहले, जवना के मंजूरी ना मिलल। उऽ कहले कि हम 30 से 32 दिन पैदल चल के इहाँ आइल बानी। दिल्ली में अपना देश के कुछ शीर्ष नेता लोग से भेंट कइल चाहत बानी आ ओह लोग से आपन शिकायत साझा कइल चाहत बानी।

दिल्ली पुलिस लेह से पैदल दिल्ली पहुंचल लद्दाखी के जंतर मंतर अनसन करे के अनुमति ना देले रहे। अनसन करे के अनुमति ना मिलला के बाद सोनम वांगचुक समेत लद्दाखी रविवार के दुपहरिया में चाणक्यपुरी के लद्दाख भवन में अनसन पऽ बइठ गइले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.