भोजपुरिया माटी के लाल आ बहुचर्चित साहित्यकार सर्वेश तिवारी श्रीमुख के मिलल “सुर भारती सम्मान”

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2022

उपमुख्यमंत्री श्री तारकिशोर प्रसाद के हाथे मिलल सम्मान प्रेमचंद रंगशाला पटना में संस्कार भारती बिहार आ सुर संगम कला संस्थान के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित समारोह में गोपालगंज के युवा साहित्यकार सर्वेश तिवारी श्रीमुख के

Share

उपमुख्यमंत्री श्री तारकिशोर प्रसाद के हाथे मिलल सम्मान

प्रेमचंद रंगशाला पटना में संस्कार भारती बिहार आ सुर संगम कला संस्थान के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित समारोह में गोपालगंज के युवा साहित्यकार सर्वेश तिवारी श्रीमुख के “सुर भारती सम्मान” से सम्मानित कइल गइल। उनका के ई सम्मान बिहार के उपमुख्यमंत्री श्री तारकिशोर प्रसाद के हाथन से दिहल गइल।

साहित्य जगत में योगदान के देखत दिहल गइल सम्मान

भोजपुरिया माटी के चर्चित रचनाकार सर्वेश के ई सम्मान साहित्य जगत में उनकर योगदान खातिर दिहल गइल। उनकर दु गो पुस्तक परत आ पुण्यपथ बेस्टसेलर रहल बा, जबकि तीसरका उपन्यास “पूर्णाहुति” जल्दिये छपे वाला बा।

सुरबहार साधक अश्विन एम दलवी आ प्रसिद्ध बाँसुरी वादक डॉ चेतन जोशी के प्रस्तुत भइल जुगलबंदी

कला आ साहित्य के समर्पित कार्यक्रम में प्रख्यात सुरबहार साधक अश्विन एम दलवी आ प्रसिद्ध बाँसुरी वादक डॉ चेतन जोशी जुगलबंदी प्रस्तुत कइल लो, ओहिजा प्रसिद्ध लोक गायिका नीतू कुमारी नूतन आपन शानदार प्रस्तुति देली। दुनों शीर्ष कलाकार अश्विन दलवी आ डॉ चेतन जोशी के ब्रम्हनाद सम्मान से सम्मानित कइल गइल।

एह कार्यक्रम में बिहार के ओर से दुनों उपमुख्यमंत्री रेणु देवी आ तारकिशोर प्रसाद के अलावे कला संस्कृति मंत्री आलोक रंजन, उद्योग मंत्री सैयद शाहनवाज हुसैन आ सरकार में गृह विभाग के विशेष सचिव आ आईजी विकास वैभव मवजूद रहल लो। एह लो के अलावे पद्मश्री श्याम शर्मा, पद्मश्री डॉ आर एन सिंह, पद्मश्री डॉ विमल जैन आ पद्मश्री डॉ जितेंद्र सिंह  एह अवसर पs मवजूद रहल लो।

बधाई संदेशन के लागल तांता

बता दीं कि बिहार के गोपलागंज जिला के करवतही बाजार के रहनिहार सर्वेश तिवारी श्रीमुख हिंदी के ओह रचनाकारन में से एगो बाड़े जे सोशल मीडिया के माध्यम से लोगन के दिल में जगह बनावल आ जब ओकर उपन्यास भा किताब आइल तs हाथों हाथ बिकल। सर्वेश तिवारी श्रीमुख के सम्मान मिलला पs सोसल मीडिया पs बधाई संदेशन के बाढ़ आ गइल आ लोग तहे दिल से सर्वेश के सराहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.