Bihar News: स्मार्ट प्री-पेड मीटर के सर्वर बइठल,बैलेंस ना लउकला से पांच लाख उपभोक्ता परेसान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

पटना। स्मार्ट प्री-पेड मीटर के सर्वर बइठ गइल बा। एह कारण राजधानी के पांच लाख उपभोक्ता परेसान हो गइल बा लो। मीटर रिचार्ज नइखे हो रहल आ बैलेंस नहखे लउकत। दीपावली के मवका पs बिजली

Share

पटना में स्मार्ट प्री-पेड मीटर के सर्वर फेल

पटना। स्मार्ट प्री-पेड मीटर के सर्वर बइठ गइल बा। एह कारण राजधानी के पांच लाख उपभोक्ता परेसान हो गइल बा लो। मीटर रिचार्ज नइखे हो रहल आ बैलेंस नहखे लउकत। दीपावली के मवका पs बिजली मत कट जाव, एकर भय उपभोक्ता लोगन के सता रहल बा। सुक से सिस्टम में खराबी आइल बा। सोमार से सर्वरे बइठ गइल।

पटेल नगर के अजीत कुमार बतवलें कि हमार मीटर बैलेंस नइखे बतावत। दीपावली में बिजली कटला पs परेसानियन के सामाना करे के पड़ जाई। शिकायत कइला पs बतावल जा रहल बा कि सर्वर में खराबी आ गइल बा। वशिष्ट नगर के अभय कुमार बतवलें कि हमरा  मीटर के बैलेंस 50 रुपिया पs आ गइल बा। तीन दिन से रिचार्ज करे के कोसिस कs रहल बानी।

एसके नगर के अजय बतवले कि मीटर रिचार्ज नइखे हो पा रहल। हमनी के बहुते परेसान बाड़ी सs। रिचार्ज ना होखे आ बिजली खपत सहित कवनो सूचना ना मिलला के कारण उपभोक्ता लोगन के परेसानी बढ़ गइल बा।

बिजली कंपनी के अधिकारी लोग बतावल लोग कि सर्वर में आइल तकनीकी खराबी के दूर कइल जा रहल बा। दीपावली में बकाया पs कवनो उपभोक्ता के बिजली कनेक्शन ना कटी। सर्वर दुरूस्त होखला के बाद उपभोक्ता लोगन के बकाया राशि जमा करे के मवका दिहल जाई। सर्वर में आइल खराबी से बिजली आपूर्ति पs कवनो असर नइखे। उपभोक्ता सर्वर दुरूस्त होखे के इंतजार करे लो। रिचार्ज कइला पs मीटर रिचार्ज हो जा रहल बा, सर्वर के तकनीकी खराबियन के दूर होखला के बाद बैलेंस लउके लागी।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.