छपरा से चलावल जाई छव गो स्पेशल ट्रेन, देखीं टाइम टेबल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

छठ महापरब आ दिवाली पs यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के देखत पूर्वोत्तर रेलवे के अलग-अलग स्टेशनन से कइयन गो स्पेशल ट्रेनन के संचालन हो रहल बा। एही क्रम में आज 16 नवंबर सनीचर के छपरा

Share

छठ महापरब आ दिवाली पs यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के देखत पूर्वोत्तर रेलवे के अलग-अलग स्टेशनन से कइयन गो स्पेशल ट्रेनन के संचालन हो रहल बा। एही क्रम में आज 16 नवंबर सनीचर के छपरा जंक्शन से स्पेशल ट्रेनन के संचालन कइल जाई। एह ट्रेनन के संचालन से छपरा आ आसपास के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी पत्र जारी करत देले बाड़ें।

छपरा जंक्शन से चलावल जा रहल विशेष गाड़ियन के सूची

  • 16 नवम्बर, 2024 के 05069 छपरा-पनवेल विशेष गाड़ी, छपरा से 13:15 बजे चलावल जाई।
  • 16 नवम्बर, 2024 के  05193 छपरा-शहीद कप्तान तुषार महाजन विशेष गाड़ी, छपरा से 14:00 बजे चलावल जाई।
  • 16 नवम्बर, 2024 के 02270 लखनऊ-छपरा विशेष गाड़ी, लखनऊ से 14:15 बजे चलावल जाई।
  • 16 नवम्बर, 2024 के 05298 छपरा-पाटलिपुत्र विशेष गाड़ी, छपरा से 15:20 बजे चलावल जाई।
  • 16 नवम्बर, 2024 के 02269 छपरा-लखनऊ विशेष गाड़ी, छपरा से 23:00 बजे चलावल जाई।
  • 16 नवम्बर, 2024 के 05297 पाटलिपुत्र-छपरा विशेष गाड़ी, छपरा 10:50 बजे पहुंची।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.