यूपीः कानपुर देहात में भइल बढ़हन सड़क हादसा, तेज रफ्तार कार नाला में गीरला से 6 गो के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 5, 2024

उत्तर प्रदेश के कानपुर देहात में बड़हन सड़क हादसा हो गइल बा। तिलक समारोह से लउट के घर आवत घरी कार सवारन के कार बेकाबू होके नाला में गिर गइल । एह हादसा में 6

Share

उत्तर प्रदेश के कानपुर देहात में बड़हन सड़क हादसा हो गइल बा। तिलक समारोह से लउट के घर आवत घरी कार सवारन के कार बेकाबू होके नाला में गिर गइल । एह हादसा में 6 लोगन के मउत हो गइल जबकि दू गो लइका बाल-बाल बच गइले।

दूनो लइकन के तनी चोट आइल बा। लइकन के जान बांच गइल बा। मिलल जानकारी के अनुसार, हादसा के शिकार लोग इटावा से तिलक समारोह से घरे लौटत रहले। हादसा कानपुर देहात के सिकन्दरा थाना क्षेत्र के जगन्नाथपुर गांव के नियारा भइल रहे।

कानपुर देहात के रहे वाला रहले मृतकजन

हादसा के सूचना पs पुलिस अधीक्षक फोर्स के संगे मउका पs चहुपले। पुलिस गांववालन के मदद से सभे के बाहर निकालल गइल। हादसा के शिकार लोगन के सिकन्दरा सीएचसी में भर्ती करावल गइल जहांवा पs डॉक्टर छह लोगन के मृत घोषित कs देलस। 2 लइकन के सुरक्षित बचा लेवल गइल बा। मृतक डेरापुर थाना क्षेत्र के मुर्रा आ कानपुर नगर के शिवराजपुर थाना क्षेत्र के रहे वाला रहे। सड़क हादसा रात लगभग 2 बजे भइल रहे।

कार में आठ लोग रहले सवार

पुलिस अधीक्षक बीबी जीटीएस मूर्ति बतsवले कि हादसा में मरे वालन लोग में चार लइका आ दू वयस्क शामिल बाड़े। कार में कुल आठ लोग बैठल रहले। हादसा के शिकार कार में सवार दुगो लइका के गांव के लोग बचा लेलस । हादसा के बजह खराब मौसम आ बारिश बतावल जात बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.